दाल पूरी

विकिपीडिया से

दाल पूरी चाहे दल पूरी एक तरह के भोजपुरिया पकवान ह जे चना के दाल के पीस के ओकरा के आटा के लोई में भर के बनावल जाला।[1] ई भरुआ परवठा नियर होला। एकरा भरे वाला चीज के पूरन कहल जला। ई दाल के रात भर पानी में भें के ओकरा के सील लोढ़ा से पीस के बनावल जाला। कई गो भोजपुरिया तिहवार प ई खास पकवान हवे।[2]

एकरा के अक्सरहा तिहुआर-परब भा अउरी कौनों शुभ मोका-महाले बखीर के साथे खाइल जाला।[3][4]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "झटपट बनाएं दाल की पूरी, खाने में लगती हैं बहुत टेस्टी". abplive.com (हिंदी में). 28 जुलाई 2022. Retrieved 31 मई 2023.
  2. "Chana Dal Puri | Dal Puri Recipe | Dussehra Recipes". indiankhana.net. 23 सितंबर 2013. Retrieved 2 जून 2023.
  3. "बिहार का ख़ास व्यंजन: दालपूरी - Bihar Special Dish: Dalpuri recipe | फेमिना हिन्दी". femina.in (हिंदी में). Retrieved 2 जून 2023.
  4. "Bakheer | Gur Chawal Kheer | Kheer Recipes". indiankhana.net (अंग्रेजी में). 7 जनवरी 2014. Retrieved 2 जून 2023.