Jump to content

दामोदर राव

विकिपीडिया से
दामोदर राव

दामोदर राव (जन्म 21 अगस्त 1977) एगो भारतीय सिंगर, म्यूजिक डाइरेक्टर आ एक्टर हउवें। इनकर संगीत मधुर अउरी कर्णप्रिय होला। दामोदर राव अबतक ले लगभग सत्तर गो से भी बेसी हिंदी आ भोजपुरी फिल्मन में आपन मधुर संगीत देले बाड़न। आ लगभग 950 गो से भी बेसी म्यूजिक एल्बम बनवले बाड़न। राव एगो सुरीला गायको हउवन, इनकर गावल कई गो एल्बम बजार में उपलब्ध बाड़ें। इनकर गावल भोजपुरी में किताब भी मार्केट में मिलेला, आ इनकर गावल हिंदी में साईं भजन के पुस्तक साईं आराधना नाँव से बजार में बिकाला। आज भोजपुरी फ़िल्मी समाज में इनकर बहुत बड़ा योगदान बा, साथे साथे हिंदी फिल्म जगत में भी आप मजबूत पइठ बनावे के फेरा में बाड़ें। दामोदर राव बेस्ट संगीतकार के कई गो अवार्ड भी प्राप्त कइले बाड़न।

दामोदर राव के जन्म भारत के बिहार राज्य के पश्चिम चंपारण जिला बेतिया के नरकटियागंज शहर में भइल रहे, राव अभी मुंबई में अपना पूरा परिवार के साथे रहेलें, राव संगीत परिवार से संबंध राखेलें, इनकर पिता रामधनी राव एगो क्षेत्रिय लोक गायक रहलें। दामोदर राव अबले लगभग 90 गो से ज्यादा फिल्म में आपन संगीत देलें बाड़न, जेमे कई गो भाषा शामिल बा जइसे हिंदी, भोजपुरी, मैथिली, हरियाणवी, पंजाबी आदि । दामोदर राव बहुत सारा एल्बम रेकार्ड कइले बाड़न, काफी एल्बम में इ खुद गवलें भी बाड़ें आ साथे साथ अभिनय भी कइले हउवन । इनकर एगो गाना «भारत को बचाना ही होगा मोदी को लाना ही होगा» काफी प्रसिद्ध भइल रहे जेकर गायक सुमित बाबा रहलें । आ एगो अउरी गाना डी जे वाला भाई करा भोल्युम हाई जवना के गायिका रहली देवी, इहो गाना सुपर हिट भइल रहे। इनका संगीत में अब तकले भोजपुरी फिल्म जगत के सारा कलाकार लो काम कइले बा, आ हिंदी जगत के भी लगभग सारा बड़का गायक लो गीत गवले बा । जइसे कुमार सानु, उदित नारायण, सपना अवस्थी, साधना सरगम, विनोद राठोर, अनूप जलोटा, अनुराधा पौडवाल, रूप कुमार राठौर, पवन सिंह, इन्दू सोनाली, रितेश पांडे, अरविंद अकेला 'कल्लू', प्रमोद प्रेमी यादव, राकेश मिश्रा, खुशबू जैन, अदिति राज, विपिन सचदेवा, कल्पना पटवारी, मोहन राठौर, अलका याग्निक, मनोज तिवारी, शाहिद माल्या, शबाब साबरी, संचिति सकट, अलोक कुमार, पामेला जैन आदि।

अवार्ड आ इनाम

[संपादन करीं]

राव के 2014 में दर्शनिक मुंबई प्रेस मीडिया 2012 के बेस्ट म्यूजिक डाइरेक्टर के अवार्ड दिहल गइल।[1] भोजपुरी फिलिम मजनू मोटरवाला खातिर उनकरा के आपकी आवाज़ फाउंडेशन द्वारा बेस्ट म्यूजिक डाइरेक्टर आ मुंबई गौरव पुरस्कार 2014 से सम्मानित कइल जा चुकल बाटे।[2] 2016 में मुंबई के दर्शनिक समाचारपत्र आ एवरशाइन मित्रमंडल द्वारा उनकरा के छत्रपति शिवाजी गौरव पुरस्कार दिहल गइल।[3]

अक्टूबर 2016 तक राव 50 गो फिल्मी आ भक्ति संगीत एल्बम में म्यूजिक दे के एगो उल्लेख जोग उपलब्धि हासिल कइले बाड़न। एह एल्बमन में कई प्रसिद्ध गायकन के गावल गीत शामिल बाड़ें।[4]

  1. "Best Music Director of The Year 2012: IndiaEvery.in". Retrieved 10 March 2015.
  2. "Best Music Director of The Year 2013: IndiaEvery.in". 27 December 2014. Archived from the original on 2 April 2015. Retrieved 8 March 2015.
  3. "दामोदर राव को छत्रपति शिवाजी गौरव अवार्ड: pressnote.in". Retrieved 10 March 2015.
  4. "damodar-rao-make-record-of-50-albums-in-this-navratr: arrechintu.com". Archived from the original on 13 April 2017. Retrieved 12 April 2017.