तिलंगी
Jump to navigation
Jump to search
तिलंगी भा पतंगा एगो अइसन जीनिस चाहे वस्तु हऽ जेकरा सुता के मदद से उड़ावल जाला। तिलंगी एगो पाँख नियन सतह के बनल होखेला जेकरा मे एगो सुता बन्हल रहेला। कोनो तिलंगी तबे उड़ेले जब हावा के दाबाव सतह के उपरा कम आ नीचवा बेसी होला।[1] हावा जवना देने बहेला तवना देने तिलांगीयो जाले। एहिसे तिलंगी पऽ दुगो बर लागेला, एगो ऊपर देने आ एगो सोझा, एह दुनो बर के चलते जवन कुलि परिनाम बर तिलंगी पऽ लागेला तवना के सुता मे उत्त्पन भइल तान सम्हार लेवेला।
द्रव्यन के सिधांत सभ पनियो प लागेला एहिसे तिलंगी के परयोग पनियो मे कईल जा सकेला बाकिर आजकाल ई परचलन मे नइखे।[2][3]
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ "Beginner's Guide to Aeronautics". NASA. पहुँचतिथी 2012-10-03.
- ↑ "Underwater kiting". 2lo.de. पहुँचतिथी 2012-10-03.
- ↑ "Hydro kite angling device Jason C. Hubbart". पहुँचतिथी 2012-10-03.
![]() | ई खेल/गेम-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |