Jump to content

तमिल सिनेमा

विकिपीडिया से

तमिल सिनेमा (अंग्रेजी: Tamil cinema), जेकरा के कोलीवुड (अंग्रेजी: Kollywood) भी कहल जाला, भारतीय सिनेमा के हिस्सा हवे; मुख्य रूप से तमिल भाषा में फिलिम सभ के निर्माण करे ला। तमिलनाडु के चेन्नई (पहिले मद्रास) में कोडम्बक्कम मोहल्ला से बाहर आधारित, एकरा के पॉपुलर रूप से कोलीवुड कहल जाला, जे कोडम्बक्कम आ हॉलीवुड शब्दन के पोर्टमैंट शब्द हवे।

पहिली तमिल साइलेंट फिलिम कीचका वधाम के डाइरेक्शन आर नटराज मुदलियार द्वारा 1918 में कइल गइल। पहिली आवाज वाली तमिल फीचर फिलिम कालिदास, एच एम रेड्डी द्वारा निर्देशित बहुभाषी फिलिम 31 अक्टूबर 1931 के रिलीज भइल, भारत के पहिली आवाज वाली मोशन पिक्चर आलम आरा के सात महीना से भी कम समय बाद।