टोपोनिमी

विकिपीडिया से

टोपोनिमी (अंग्रेजी: toponymy), टोपोनिमिक्स, चाहे टोपोनोमैटिक्स भाषा बिज्ञान के एगो उपशाखा हवे जे जगह के नाँव (टोपोनिम्) सभ क अध्ययन करे ला, एह में ओह नाँव (ब्यक्तिवाचक संज्ञा) सभ के उत्पत्ती, अरथ, प्रयोग आ प्रकार (भेदा-भेद) के अध्ययन सामिल होखे ला। कौनो भी जगह के प्रॉपर नाँव के टोपोनिम् कहल जाला, इनहन के संपूर्ण स्कोप के दायरा में सगरो ब्रह्मांड के सभ चीजन के नाँव सामिल कइल जा सके लें।

एगो दुसरा स्पेसिफिक अरथ में टोपोनिमी क अरथ होला सगरी टोपोनिम् (जगह के नाँव) सभन के लिस्ट भा इनवेंटरी, जबकि ज्ञान के ऊ शाखा जे इनहन के अध्ययन करे आ इनहना पर रिसर्च करे ओकरा के टोपोनिमिक्स भा टोपोनोमैस्टिक्स कहल जाला। टोपोनिमी के भाषा बिज्ञान के ऑनोमैस्टिक्स नाँव के शाखा के उपशाखा मानल जाला। जे लोग एह बिद्या के जानकार होला आ एह छेत्र में अध्ययन करे ला ओह लोगन के टोपोनिमिस्ट् कहल जाला।