Jump to content

टैबलेट कंप्यूटर

विकिपीडिया से
टैबलेट कंप्यूटर

टैबलेट कंप्यूटर (अंग्रेजी: Tablet Computer) जेकरा के छोट नाँव टैबलेट चाहे टैब से जानल जाला, एक किसिम के मोबाइल डिवाइस हवे। एह में टचस्क्रीन, सर्किट, रिचार्ज होखे वाली बैटरी वगैरह सगरी चीज एकही चापट चरकोना प्लेट के रूप में होला आ अलगा से कीबोर्ड आ माउस नियर इनपुट डिवाइस ना होलें। आज्काल्ह के ज्यादेतर टैबलेट स्मार्टफोन नियर बाड़ें बस ई साइज में उनहन से बड़ होलें। आमतौर प इनहन क स्क्रीन (कोनाकानी नापे पर) 7 इंच (18 सेमी) चाहे एकरा ले बड़ होला।[1][2][3][4] कुछ टैबलेटन में सेलफोन नेटवर्क पकड़े के सुबिधा न होखे बलुक खाली भर वाई-फाई से कनेक्ट होखे लें।

टचस्क्रीन डिस्प्ले के अँगुरी चाहे डिजिटल पेन (स्टायलस) से कइल गइल इशारा (जेस्चर) से चलावल जाला। इन्हना में बड़ कंप्यूटरन नियर माउस, टचपैड चाहे कीबोर्ड के जरूरत ना पड़े ला। पोर्टेबल कंप्यूटर के वर्गीकरण एहू बात पर निर्भर करे ला कि ओकरा में असली फिजिकल कीबोर्ड बा कि ना, आ बा त कइसन देखलाई परे ला। टैबलेट के दू किसिम — स्लेटबुकलेट — में फिजिकल कीबोर्ड ना होला। इनहन में टेक्स्ट लिखे चाहे दूसर कौनों इनपुट देवे खातिर टचस्क्रीन पर लउके वाला वर्चुअल कीबोर्ड के इस्तेमाल कइल जाला। अब काहें से कि टैबलेट में असली कीबोर्ड ना होला, एही कमी पूरा करे खातिर ज़्यादातर टैबलेट ब्लूटूथ या यूएसबी से अलग फिजिकल कीबोर्ड जोड़ सकेला। जवन 2-इन-1 पीसी होखेला, ओकरा में कीबोर्ड साथे रहेला, आ ऊ साधारण टैबलेट से अलग गिनल जाला। 2-इन-1 लैपटॉप सभ में स्क्रीन के अलगिया के टैबलेट नियर इस्तेमाल के सुबिधा होले। फोन आ टैबलेट के बीचा के चीज के फैबलेट के नाँव से जानल जाला।

टैबलेट नियर रूप वाला चीज के आइडिया 20वीं सदी के बीच में सोचल गइल रहे। मशहूर डायरेक्टर स्टैनली कुबिर्क के साइंस–फिक्शन फिलिम 2001: अ स्पेस ओडिसी (1968) में काल्पनिक टैबलेट जइसन डिवाइस देखावल गइल रहे। बाकी असल प्रोटोटाइप आ डेवलपमेंट 20वीं सदी के आखिरी दू दशक में तेज भइल। 2010 में एप्पल इंक. अपना आइपैड रिलीज कइलस।[5] ई पहिला टैबलेट रहे जवन बड़ पैमाना पर बजार में आके बहुत पॉपुलर भइल। ओकर बाद टैबलेटन के इस्तमाल तेजी से बढ़ल। जल्दिए ई पर्सनल, एजुकेशन आ ऑफिस काम खातिर बड़ प्रोडक्ट कैटेगरी बन गइल।[6] टैबलेट पीसी के आम इस्तेमाल में प्रेज़ेंटेशन देखल, वीडियो–कॉन्फ्रेंसिंग, ई–बुक पढ़ल, मूवी देखल, फोटो शेयर कइल आ अउरी बहुत काम शामिल बा।[7] 2021 तक के डेटा, जवन स्टैटिस्टा देले बा, ओकर हिसाब से दुनिया भर में लगभग 1.28 अरब टैबलेट यूज़र रहलें। मैन्युफैक्चरर मार्केट शेयर में एप्पल इंक. सबसे आगे रहल, ओकर बाद सैमसंग आ लेनोवो के नंबर आवेला।[8]

  1. "Definition of: tablet computer". PC Magazine Encyclopedia. Retrieved January 12, 2023.
  2. "tablet computer". Dictionary.com. Archived from the original on November 8, 2011. Retrieved April 17, 2010.
  3. Erica Ogg (May 28, 2010). "What makes a tablet a tablet? (FAQ)". CNET.
  4. "Ulefone U7 7" LTPS MTK6592 Octa-Core review". IReviewChinaPhone.com. June 28, 2014. Archived from the original on October 9, 2014. Every device with diagonal equal 7" or longer is practically tablet PC
  5. "iPad Available in US on April 3" (Press release). Apple. March 5, 2010. Archived from the original on July 10, 2011. Retrieved March 5, 2010.
  6. Chester, Brandon (March 12, 2015). "The Dell Venue 8 7000 Series Review". Anandtech. Archived from the original on March 24, 2015. Retrieved March 23, 2015.
  7. "What is a Tablet PC?". Lenovo.
  8. "Tablet sales start to slump despite strong growth in 2021". IT PRO (अंग्रेजी में). February 2, 2022. Retrieved 2023-01-06.