टेलर स्विफ्ट

विकिपीडिया से

टेलर एलिसन स्विफ्ट (जनम 13 दिसंबर 1989) एगो अमेरिकी गायिका आ गीतकार बाड़ी। इनकर गीत सभ अलग अलग बिधा मे बा आ इनकर कथा वला गीत सभ, जे इनकर जिनगी से जुड़ल रहेला, के समीक्षक लोग के प्रशंसा आ बिस्तार से मीडिया कवरेज मिलल बा। पेंसिल्वेनिया के वेस्ट रीडिंग में जनमल स्विफ्ट 14 बरिस के उमिर मे नैशविले, टेनेसी चलि गइली आ देसी संगीत मे कैरियर बनावे के काम कइली। ई 2004 मे सोनी/एटीवी म्यूजिक पब्लिशिंग साथे गीत लिखे के अनुबंध आ 2005 मे बिग मशीन रिकार्ड्स संगे रिकार्डिंग के सउदा कइली, आ 2006 मे आपन एपोनिमस डेब्यू स्टूडियो एल्बम जारी कइली।