टेम्पलेट:Main page FA/Item4

विकिपीडिया से
इलाहाबाद
इलाहाबाद

इलाहाबाद, पुरान नाँव प्रयाग, भारत देश की उत्तर प्रदेश राज्य में गंगा, यमुना अउरी पौराणिक सरस्वती की संगम पर बसल एगो दसलाखी शहर आ इलाहाबाद जिला क मुख्यालय हऽ। ई हिंदू धर्म क एगो बहुत महत्वपूर्ण तीरथ हवे। हर बरिस इहाँ जाड़ा में माघ मेला, आ हर बारहवाँ बारिस कुंभ मेला लागेला। कुंभ मेला में कुछ दिन खातिर ई सहर बिस्व के सबसे ढेर जनसंख्या वाला शहर बन जाला।

इतिहास देखल जाय त भारत के आजादी के लड़ाई में एह शहर में बहुत महत्व वाला योगदान रहल बा। ई नेहरू-गाँधी परिवार के घर हवे आ अउरी कई ठे राष्ट्रीय नेता इहाँ से जुड़ल रहल बाने। गंगा-जमुनी तहजीब के प्रतिनिधि ई शहर साहित्य के क्षेत्र में कई परसिद्ध लोग के करमभूईं रहल बा, जइसे कि 'निराला', महादेवी वर्मा, 'फ़िराक़' साहब, आ हरिवंशराय बच्चन।

भारत के सभसे पुरान इन्वरसिटी सभ में से एक, इलाहाबाद विश्वविद्यालय, जेकरा के कबो 'पूरुब क आक्सफोर्ड' कहल जाय, शहर के शिक्षा की क्षेत्र में बहुते ऊँच अस्थान दिहले बा। एकरी आलावा इलाहाबाद हाइकोर्ट, ए॰जी॰ आफिस आ मलेटरी पेंशन के आफिस भी इहाँ बा जेवना से ए शहर क महत्व बढ़ जाला।