टेम्पलेट:Main page FA/Item1

विकिपीडिया से
बनारस में गंगा
बनारस में गंगा

गंगा नदी भारत आ बांग्लादेस में बहे वाली, एशिया के एक ठो प्रमुख नदी हऽ। उत्तराखंड के गंगोत्री में हिमालय से निकल के बिसाल मैदानी इलाका में बहत आ कई अन्य बड़हन नदिन के पानी समेटत ई नदी बंगाल की खाड़ी में समुद्र में मिल जाले जहाँ कुल छोड़ल जाये वाला पानी के हिसाब से ई दुनिया के तीसरी सभसे बड़ नदी हवे। गंगा के मैदान भारत के बहुत उपजाऊ हिस्सा आ घन बसल इलाका हवे आ गंगा की तीर पर ऋषिकेश, हरिद्वार, कन्नौज, कानपुर, इलाहाबाद, बनारस, बलियाँ, पटना, कलकत्ता आ ढाका नियर कई ठे प्रमुख शहर बसल बाड़ें।

हिंदू धर्म में गंगा के देवी आ माई की रूप में पूजल जाला। गंगा में अस्नान से पुन्य मिले के मान्यता हऽ आ एकरे तीरे पबित्र तिथिन के मेला आ नहान लागे ला।

नदी के थाला पर्यावरण आ जीव जंतु खातिर भी महत्व वाला बा आ नदी में गंगा सूँस (डॉल्फिन) आ इरावदी सूँस नियर कई जलजीव आ मछरी पावल जालीं जे एह समय खतरा में बाड़ीं। गंगा के डेल्टा सुंदरबन भी पर्यावरण आ पारिस्थितिकी खातिर बहुत महत्व वाला हऽ। एकरे बावजूद, साल 2007 में आइल एगो रपट की मोताबिक ओह समय गंगा दुनिया के पाँचवी सभसे प्रदूषित नदी रहे। भारत सरकार एकरा प्रदूषण के कम करे खातिर गंगा कार्ययोजना चलवलस बाकी ई बहुत सफल ना भइल आ वर्तमान में भी एकरा खातिर कोसिस चालू बा।