टेम्पलेट:हप्ता के फोटो सुरक्षित/हप्ता 28/2019

विकिपीडिया से
हार्बर सील

हार्बर सील (Phoca vitulina), जेकरा के कॉमन सील भी कहल जाला, एगो सील हवे जे Phoca बंस के सदस्य हवे। ई उत्तरी गोलार्ध के आर्कटिक आ शीतोष्णकटिबंधी इलाका सभ में समुंद्री किनारा के सहारे पावल जाले। उत्तरी अटलांटिक, उत्तरी प्रशांत महासागर, बाल्टिक सागर आ नार्थ सागर के तटीय इलाका में पावल जाए वाली एह सील सभ के रंग भूअर, चमकदार सुफेद भा मटियाहूँ होला आ वी (V) आकार के नाक इनहन के खास पहिचान होला। इनहन के लंबाई 1.85 मी (6.1 फीट) आ वजन 168 किग्रा (370 पाउंड) तक ले हो सके ला। ई एगो मैमल हवे आ बिस्व में इनहन के कुल आबादी 3,50,000 से 5,00,000 ले बाटे, हालाँकि इनहन के कुछ जगह के आवास पर खतरा बाटे।

ई 2015 के तस्वीर हवे जेह में लिसमूर दीप, स्कॉटलैंड में एगो हार्बर सील देखावल गइल बा।

फोटो: चार्ल्स जे. शार्प

  • हाल में देखावल गइल: