Jump to content

टेम्पलेट:हप्ता के फोटो सुरक्षित/हप्ता 26/2021

कस्तुरी

कस्तुरी (Turdus merula) एक किसिम के चिरई हवे जे ट्रू थ्रश, मने कि असली थ्रश सभ, में गिनल जाले। एकर प्रजनन क्षेत्र यूरोप, एशिया, आ उत्तरी आफिरका हवे आ ई कनाडा, यूएस, मैक्सिको, पेरू, ब्राजील, अर्जेंटीना, उरुग्वे, फाकलैंड नियर देश कुल में मनुष्य द्वारा पहुँचावल चिरई हऽ। एकर कई गो उप-प्रजाति बाड़ी आ एह में से कई गो एशियाई उप प्रजातिन के त स्वतंत्र रूप से प्रजाति भी मानल जाला। कुछ इलाका सभ में ई प्रवासी चिरई हवे जबकि कुछ जगह सालो भर रहे ले।

एकरा के अंग्रेजी में कॉमन ब्लैकबर्ड (Common blackbird) कहल जाला। देखावल गइल चित्र एगो मादा कस्तुरी के बाटे जे मोरक्को में लिहल गइल रहल। भारत में ई चिरई पहिले बहुत बिस्तृत इलाका में पावल जाय हालांकि, अब एकरे बिस्तार क्षेत्र के बारे में बहुत मालुम ना बाटे।

फोटो: Charles James Sharp

  • हाल में देखावल गइल: