टेम्पलेट:हप्ता के फोटो सुरक्षित/हप्ता 23/2020

विकिपीडिया से
Southern plains grey langur

दक्खिनी मैदानी मटियाहूँ लंगूर (Semnopithecus dussumieri) पुरानी दुनिया के बानर सभ में से एक हवे जे भारतीय उपमहादीप के मूल निवासी हवे। ई 62 सेमी (2 फीट) लमहर बानर सभ झुंड में रहे लें आ जंगल आ देहाती आबादी के नगीचे वाला इलाका में रहे लें। इनहन के मुख्य भोजन पेड़ पौधा सभ के पतई, फल आ फूल होलें। भारत में एह बानर सभ के पबित्र मानल जाला। इनहन के बहुत सारा झुंड आदमी सब के आबादी के नगीचे रहे आ आदमिन द्वारा दिहल कई किसिम के खाए वाला चीज खाए में अपना के एडजस्ट क लिहले बाड़ें। एह प्रजाति के भारत में कानूनी रूप से संरक्षण बाटे हालाँकि, फसल के नोकसान चहुँपावे के कारन इनहन के मार के भगावे या फिर मारे के घटना भी देखे के मिले ला आ इनहन के कुछ जगह पोसुआ बनावे के घटना भी देखल जाला।

फोटो भारत के मध्य प्रदेश में कान्हा टाइगर रिजर्व में लिहल गइल रहल। पार्क के निर्माण 1 जून 1955 के भइल रहल आ एकरा के 1973 में टाइगर रिजर्व के दर्जा दिहल गइल।

फोटो: Charles J. Sharp द्वारा

  • हाल में देखावल गइल: