टेम्पलेट:हप्ता के फोटो सुरक्षित/हप्ता 10/2018

विकिपीडिया से
अल्बर्ट ब्रिज, लंदन

अल्बर्ट ब्रिज पच्छिमी लंदन में टेम्स नदी पर बनल एगो सड़क पुल हवे। ई चेल्सिया आ बैटरसी के जोड़े ला। एकर डिजाइन 1873 में केबिल पर टिकल पुल के रूप में बनल, ई बहुत बेहतर ना बुझाइल आ एही कारन 1884 से 1887 के बीचा में सस्पेंशन ब्रिज के कुछ चीज शामिल कइल गइल। साल 1973 में दू गो कंक्रीट के पाया जोड़ल गइल आ बिचला हिस्सा के बीम पुल में बदल दिहल गइल। लंदन के बिचला हिस्सा में टेम्स पर बनल सड़क पुल सभ में से ई दू गो अइसन पुल सभ में से एक बा जिनहन के आज ले कबो पूरा तरीका से बदलल (रिप्लेस) ना कइल गइल बा। एकरे अलावा लंदन में ई एकलौता अइसन पुल बा जेह पर चुंगीघर के भवन अभिन ले बचल बाटे।

फोटो: David Iliff

  • हाल में देखावल गइल: