टेम्पलेट:हप्ता के फोटो/हप्ता 49/2018

विकिपीडिया से
हप्ता के फोटो
इंटरनेशनल स्पेस इस्टेशन

इंटरनेशनल स्पेस इस्टेशन (आइएसएस) पृथ्वी के निचिली कक्षा में अस्थापित एक ठो स्पेस इस्टेशन हवे। ई संजुक्त रूप से अमेरिकी, रूसी, जापानी, यूरोपियन, आ कनाडाई स्पेस एजेंसी सभ द्वारा संचालित कइल जाला। एकर पहिला हिस्सा 1998 में अंतरिक्ष में भेजल गइल, आ साल 2000 से अबतक ले लगातार इहाँ मनुष्य के निवास रहल बा।

ई फोटो साल 2011 में इटली के एस्ट्रोनॉट पाओलो नेस्पोली लिहलें जब ऊ एगो रूसी सोयुज अंतरिक्षबिमान में वापस लवटत रहलें। फोटो में स्पेस इस्टेशन आ एह पर आ के लागल स्पेस शटल एंडेउअर देख्लाई परत बाने।

फोटो: Paolo Nespoli
पुरालेखअउरी बीछल फोटो...