टेम्पलेट:हप्ता के फोटो/हप्ता ३०/२०१६

विकिपीडिया से
हप्ता के फोटो
जाँघिल

जाँघिल (Mycteria leucocephala) एगो बड़ा आकार के पनिहा चिरई बाटे जे स्टॉर्क परिवार में आवेले आ ई चिरई एशिया के उष्णकटिबंधीय इलाका में नम दलदली आ छिछिल पानी के इलाका में पावल जाले। आमतौर पर ई नदी, ताल या तालाब के अंदर के छीछिल हिस्सा में झुंड में पावल जाले आ आपन चोंच के आधा खोल के पानी में एहर से ओहर हिलावे ले आ शिकार पकड़े ले। ई आपन खतोना फेड़ पर बनावे ले आ ई प्रवासी चिरई ना हवे।

फोटो आभार: JJ Harrison
पुरालेखअउरी बीछल फोटो...