Jump to content

टॅराक्सॅकम ऑफिशिनाले

विकिपीडिया से
Dandelion in bloom
Ripe fruits
दुधाल भा डैंडलायन के फूल (बायें) आ पाकल फर (दहिने)

टॅराक्सॅकम ऑफिशिनाले[1] (Taraxacum officinale) जेकरा के आम डेंडिलियन भा अंग्रेजी में Dandelion कहल जाला, एगो फूलदार पौधा हवे। ई डेंडिलियन जाति के पौधा सभ के एगो प्रजाति हवे जे सभसे बहुतायत से पावल जाला। एकर फूल छोट-छोट आ पीयर रंग के होलें।

अंग्रेजी नाँव डैंडलायन के बारे में बतावल जाला कि ई डेंट ऑफ लायन (शेर के दाँत) के बदलल रूप हवे,[2] काहें से कि एकर पतई के दुनों किनारा टेढ़-टाढ़ दांत नियर होखे लीं। अंग्रेजी में एकर एगो अउरी नाँव ब्लोबाल हवे[3] काहें से कि एक्ट पाकल गोल फर छुअले पर, या फिर एकदम पाक जाए पर अपने आप, कई छोट भुनगा नियर हिस्सा में फूट के उधिया जाला।

आयुर्वेद में एह पौधा के इस्तेमाल पित्त, पथरी आ अउरी लीवर संबंधी समस्या के इलाज करे में आ गठिया में लाभदायक बतावल गइल बा।[2]

  1. Adrian John Richards (1985). "Sectional nomenclature in Taraxacum (Asteraceae)". Taxon (journal). 34 (4): 633–644. JSTOR 1222201.
  2. 2.0 2.1 Nam H Nguyen (24 February 2018). Essential 18000 Medical Words Dictionary In English-Hindi. Nam H Nguyen. pp. 588–. GGKEY:XUEZAPYTLH2.
  3. "blowball". TheFreeDictionary.com.