टाम क्रूज

विकिपीडिया से
टॉम क्रूज़
Tom Cruise
Tom Cruise by Gage Skidmore 2.jpg
2019 मे टाम क्रूज
जनमThomas Cruise Mapother IV
(1962-07-03) जुलाई 3, 1962 (उमिर 60)
सिरैकस, न्यू यॉर्क, अमेरिका
निवासलॉस एंजेलिस, कैलिफोर्निया, अमेरिका
पेशाएक्टर, प्रोड्यूसर
सक्रियता साल1981–वर्तमान
जीवनसाथी
  • मयामी रोजर्स
    (बि. 1987; तलाक 1990)
  • निकोल किडमैन
    (बि. 1990; तलाक 2001)
  • केटी होम्स
    (बि. 2006; तलाक 2012)
संतानतीन
वेबसाइटtomcruise.com
दसखत
Tom Cruise signature.svg

टॉम क्रूज़ (Thomas Cruise Mapother IV, जनम 3 जुलाई 1962), एगो अमेरिकी एक्टर आ प्रोड्यूसर बाने। इनके तीन बेर एकेडमी अवार्ड खाती नामांकन भइल बा आ तीन गो गोल्डन ग्लोब अवार्ड जितले बाने। क्रूज 19 बरिस के उमिर में फिलिम एंडलेस लव से आपन कैरियर के सुरुआत कइलेन।

1996 से क्रूज के मिशन इंपासिबल फिलिम सीरीज में ईथन हंट के किरदार खाती जानल जाला, एह सिरीज के सभसे नया फिलिम मिशन इंपासिबल - रोग नेशन साल 2015 में रिलीज भइल रहे।

साल 2012 में क्रूज हॉलीवुड के सभसे ढेर कमाई करे वाला एक्टर रहलें।[1] इनके सोरह गो फिलिम अमेरिका में $10 करोड़ से ढेर के कमाई आ तेईस गो फिलिम सभ पूरा दुनिया में $20 करोड़ से ढेर के कमाई क चुकल बाड़ी स।[2] सितंबर 2017 ले क्रूज के फिलिम अमेरिका आ कनाडा के बाक्स ऑफिस पर $3.7 बिलियन आ दुनिया भर में $9.0 बिलियन से ढेर के कमाई क चुकल बाड़ी स,[3] एह तरीका से क्रूज अमेरिका के आठवाँ सभसे कमाऊ आ दुनिया के कुछ सभसे ढेर कमाऊ एक्टर लोग में शामिल बाने।[4]

साल 1990 में आइल फिलिम बॉर्न ऑन दि फोर्थ ऑफ जुलाई में बेस्ट परफार्मेंस खाती; 1997 में जेरी मैगुरी में बेस्ट परफार्मेंस एक्टर; आ 2000 में मैग्नोलिया खाती सपोर्टिंग रोल में बेस्ट परफार्मेंस खाती इनके गोल्डन ग्लोब अवार्ड मिलल। साल 2002 में इनके वनीला स्काई फिलिम खाती सैटर्न अवार्ड फॉर बेस्ट एक्टर मिलल। 2003 में इनकर फिलिम लास्ट समुराई के अमेरिकी फिलिम इंस्टीट्यूट के मूवी ऑफ दि इयर अवार्ड मिलल। एही साल, माइनारिटी रिपोर्ट खाती इनके एंपायर अवार्ड फॉर दि बेस्ट एक्टर भी मिलल।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Pomerantz, Dorothy (अप्रैल 18, 2012). "Tom Cruise Tops Our List Of Hollywood's Highest-Paid Actors". Forbes. Retrieved जुलाई 23, 2012.
  2. "Tom Cruise". Boxofficemojo.com. Retrieved जून 3, 2013.
  3. "Tom Cruise Movie Box Office Results". Boxofficemojo.com. Retrieved अक्टूबर 7, 2017.
  4. "Box Office Mojo - People Index". Boxofficemojo.com. Retrieved अक्टूबर 7, 2017.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]