ज्वारभाटा क्षेत्र

विकिपीडिया से

ज्वारभाटा क्षेत्र (अंग्रेजी: Intertidal zone) समुंद्र के तीरे के अइसन क्षेत्र होला जे ज्वारभाटा के चलते समुंदर के पानी में बूड़त-उतिरात रहे ला। ज्वार आवे पर एह इलाका में पानी भर जाला आ भाटा के समय पानी खरक जाला आ ई इलाका पानी से बहरें उतिरा जाला।