जूलिया गार्नर

विकिपीडिया से
जूलिया गार्नर
जनम (1994-02-01) फरवरी 1, 1994 (उमिर 29)
ब्रोंक्स, न्यू यॉर्क, अमेरिका
पेशाऐक्ट्रेस
सक्रियता साल2010–अबतक
जीवनसाथी
मार्क फ़ोस्टर (बि. 2019)
Julia Garner in 2020, cropped.jpg

जूलिया गार्नर (Julia Garner; जनम 1 फरवरी 1994)[1] एगो अमेरिकी एक्ट्रेस बाड़ी। इनके नेटफ्लिक्स पर प्रसारित होखे वाला अमेरिकी टीवी सिरीज ओजार्क (2017–अबतक) में रूथ लैंगमोर के रोल खातिर खास पहिचान मिलल बाटे। एह रोल खातिर इनका के दू गो प्राइमटाइम एमी अवार्ड, ड्रामा सीरीज में जबरदस्त परफार्मेंस खातिर मिल चुकल बाड़ें। गार्नर ऍफ़एक्स टीवी चैनल के ड्रामा सिरीज दि अमेरिकन्स (2015–18), नेटफ्लिक्स मिनीसिरीज मैनियाक (2018), ब्रावो टीवी के असली घटना आधारित सीरीज डर्टी जॉन (2018–19), आ नेटफ्लिक्स मिनीसिरीज इन्वेंटिंग एना (2022) में काम क चुकल बाड़ी।

गार्नियर जवना फिलिम सब में काम कइले बाड़ी उनहन में मार्था मार्सी मे मार्लीन (2011), द पर्क्स ऑफ़ बीइंग वालफ्लावर (2012), आ सिन सिटी: अ डैम टु किल फ़ॉर (2014) सामिल बाड़ीं। जवना फिलिम सभ में इनका के लीड रोल मिलल बा उनहन में वी आर वाट वी आर (2013), ग्रैंडमा (2015), आ दि असिस्टैंट (2019) सामिल बाड़ीं।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Shattuck, Kathryn (1 मार्च 2013). "Already a Cinema Veteran at 19". The New York Times.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]