जार्ज ग्रियर्सन

विकिपीडिया से
सीधे इहाँ जाईं: नेविगेशन, खोजीं
सर जॉर्ज अब्राहम ग्रियर्सन
George A Grierson NPGx78693.jpg
1920 में ग्रियर्सन; नेशनल पोर्ट्रेट गैलरी से लिहल फोटो
मूलभाषा में नाँव Sir George Abraham Grierson
जनम 07 जनवरी 1851
डब्लिन, आयरलैंड
निधन 9 मार्च 1941(1941-03-09) (उमिर 90)
पेशा भाषाबिज्ञानी
परसिद्धि के कारन लिंग्विस्टिक सर्वे ऑफ इंडिया

सर जॉर्ज अब्राहम ग्रियर्सन (अंगरेजी: George Abraham Grierson; 7 जनवरी 1851 – 9 मार्च 1941) एक ठो आयरिश प्रशासनिक अधिकारी आ भाषाबिज्ञानी रहलें। भारत में इंडियन सिविल सर्विस (आइसीएस) के अफसर रूप में आपन का सुरू करे वाला ग्रियर्सन अपनी रूचि के कारण भारत के भाषा सभ के अध्ययन कइलेन आ कई ठे लेख आ पुस्तक छपववलें जब ऊ बंगाल-बिहार में सेवा में रहलें। एकरे बाद उनुके प्रस्ताव पर भारत के भाषाई सर्वे के खातिर तत्कालीन ब्रिटिश सरकार 1858 में भारतीय भाषा सर्वेक्षण (लिंग्विस्टिक सर्वे ऑफ इंडिया) के स्थापना कइलस आ ग्रियर्सन एकर पहिला सुपरिंटेंडेंट बनलें। ग्रियर्सन के सभसे महत्वपूर्ण काम लिंग्विस्टिक सर्वे ऑफ इंडिया हवे जे 19 खंड में छपल बाटे।