चैटजीपीटी
चैटजीपीटी के निशान (एंब्लेम) | |
| डेवलपर | ओपेनएआइ (OpenAI) |
|---|---|
| शुरुआती रिलीज | नवंबर 30, 2022[1] |
| स्टेबल रिलीज | सितंबर 25, 2026[2]
|
| इंजन | जीपीटी-6 Astra |
| ऑपरेटिंग सिस्टम | |
| प्लेटफॉर्म | क्लाउड कंप्यूटिंग |
| एविलेबल बाटे | 59 भाषा सभ[3] |
| किसिम | चैटबॉट, एलएलएम, GPT |
| लाइसेंस | प्रोपराइटरी सर्विस |
| वेबसाइट | chatgpt |
चैटजीपीटी (ChatGPT)[अ] एगो जनरेटिव एआई चैटबॉट ह, जेकर बिकास ओपनएआई (OpenAI) कइले बा। एकरा के पहिली बेर 30 नवंबर 2022 के जारी कइल गइल रहे। ई यूजर लोग के प्रॉम्प्ट के जवाब में टेक्स्ट, ऑडियो आ चित्र (इमेज) तैयार करे खातिर लार्ज लैंग्वेज मॉडल (एलएलएम) के इस्तेमाल करे ला। खास तौर पर, एहमें जनरेटिव प्री-ट्रेन्ड ट्रांसफॉर्मर (GPT) के इस्तेमाल होला। आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस के फील्ड में चैटजीपीटी के आवे से एआई बूम अउरियो तेज भइल। ई अइसन दौर रहे, जवना में एआई के क्षेत्र में निवेश आ आम पब्लिक के के रुचि, दुनो बहुत तेजी तेजी से बढ़ल। ओपनएआई एह सर्विस के फ्रीमियम मॉडल पर चला रहल बाटे। यूजर लोग टेक्स्ट, ऑडियो आ चित्र के जरिये चैटजीपीटी से बातचीत क सके लें।
सभसे खास बात बा कि, चैटजीपीटी के लोगन द्वारा बहुत तेजी से अपनावल गइल। जारी भइला के दुइए महीना के भीतर एकर मंथली एक्टिव यूजर लोगन के गिनती 10 करोड़ तक पहुँच गइल। फरवरी 2026 में एकर हप्तावार सक्रिय यूजर लोग के संख्या 90 करोड़ हो गइल। सितंबर 2026 तक, ई दुनिया के पाँचवाँ सभसे अधिक देखल जाए वाला वेबसाइट रहे। एकर सपोर्टर लोग के कहनाम बा कि एहमें कई ठे प्रोफेशनल फील्ड सभ के कायापलट क देवे के क्षमता बा। एकरा चलते मनुष्य के रचनात्मकता (क्रिएटिविटी) के सोभाव पर आ ज्ञान-आधारित काम के भबिस्य के बारे में पब्लिक में बहस सुरू हो चुकल बाटे।
हालाँकि, एह चैटबॉट के सीमा कुछ सीमा चिन्हित कइल गइल बाड़ी स; साथे साथ आ एकर अनैतिक इस्तेमाल के संभावना के ले के आलोचनो भइल बा। ई कबो-कबो गलत भा बेतुका जवाब दे सके ला, जे सुनला में जरूर सही (कन्विंसिंग) लागे ला बाकी असल में गलत हो सके ला। एह तरह के जवाब सभ के हैलुसिनेशन कहल जाला। एकर ट्रेनिंग डेटा में मौजूद पक्षपात (बायस) एकर जवाबो में भी झलके लें। ई एकेडमिक बेईमानी में मदद क सके ला, गलत जानकारी फइला सके ला आ नुकसान पहुँचावे वाला (मैलिसस) कोड बना सके ला। एकरे डेवलपमेंट से जुड़ल नैतिक सवालनन पर भी आलोचना भइल बा, खासकर ट्रेनिंग डेटा के रूप में कॉपीराइट से सुरक्षित कंटेंट के इस्तेमाल के ले के।
फ़ीचर
[संपादन करीं]चैटजीपीटी (ChatGPT) लार्ज लैंग्वेज मॉडल पर आधारित एगो चैटबॉट ह। ई कंप्यूटर प्रोग्राम लिख सके ला आ अइसन कोड सभ में मौजूद गलती खोज के ठीक कर सके ला। ई म्यूजिक, टेलीप्ले, परीकथा आ इस्टूडेंट लोगन खाती निबंध लिख सके ला; परीक्षा के सवालन के जवाब दे सके ला; बिजनेस के आइडिया सुझा सके ला; टेक्स्ट के अनुवाद आ सारांश तैयार कर सके ला; आ कंप्यूटर के नियंत्रण भी कर सके ला।
यूजर चैटजीपीटी से बातचीत के माध्यम से जुड़ेलें। एह बातचीत में टेक्स्ट, ऑडियो आ चित्र के इनपुट आ आउटपुट शामिल हो सके ला। यूजर द्वारा बातचीत के दौरान दिहल गइल इनपुट के प्रॉम्प्ट कहल जाला। एकर वैकल्पिक मेमोरी सुविधा से यूजर चैटजीपीटी के कुछ खास जानकारी याद रखे खातिर कह सकेलें। एगो अउरी विकल्प के मदद से चैटजीपीटी पुरान बातचीत के भी याद कर सके ला। यूजर के सामने हानिकारक आउटपुट प्रस्तुत होखे के जोखिम घटावे खातिर जीपीटी आधारित मॉडरेशन क्लासिफायर के इस्तेमाल कइल जाला।
मार्च 2023 में ओपनएआई चैटजीपीटी खातिर प्लगइन के सुविधा शुरू कइलस। एहमें ओपनएआई द्वारा बनावल गइल प्लगइन, जइसे वेब ब्राउजिंग आ कोड इंटरप्रिटेशन, के साथे बाहरी डेवलपर लोगन द्वारा बनावल गइल प्लगइन भी शामिल रहलें। एक्सपीडिया, ओपनटेबल आ जैपियर अइसने बाहरी प्लगइन बनावे वाला कंपनी रहलें।
अक्टूबर से दिसंबर 2024 के बीच चैटजीपीटी सर्च के सुविधा शुरू कइल गइल। एकर मदद से चैटजीपीटी वेब पर खोज कर सके ला, ताकि जवाब अधिक सटीक आ ताजा जानकारी पर आधारित होखे। एह सुविधा से प्रमुख सर्च इंजन के साथ ओपनएआई के सीधा प्रतिस्पर्धा बढ़ल। ओपनएआई बिजनेस संस्थानन के ई सुविधा भी देला कि ऊ लोग चैटजीपीटी सर्च के परिणाम में आपन सामग्री के देखावे के तरीका तय कर सके आ इस्तेमाल होखे वाला सोर्स पर प्रभाव डाल सके।
अक्टूबर 2025 में ओपनएआई चैटजीपीटी एटलस लॉन्च कइलस। ई एगो अइसन ब्राउजर ह, जवना में चैटजीपीटी असिस्टेंट के सीधे वेब ब्राउजिंग के प्रक्रिया में जोड़ल गइल बा। एकर मकसद गूगल क्रोम जइसन मौजूदा ब्राउजर से प्रतिस्पर्धा कइल बा। एहमें एजेंटिक मोड (Agentic Mode) नाम के एगो अतिरिक्त सुविधा बा, जवना के मदद से ई यूजर के ओर से ऑनलाइन काम भी क सके ला।
बिजनेस
[संपादन करीं]चैटजीपीटी बिजनेस (जे पहिले चैटजीपीटी टीम रहल) चैटजीपीटी के एगो सदस्यता-आधारित संस्करण ह, जे बिजनेस, संगठन आ काम करे वाला टीम सभ खातिर बनावल गइल बा। ई एगो साझा वर्कस्पेस उपलब्ध करावेला, जहाँ आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस आधारित बातचीत, डेटा एनालिसिस, डॉक्यूमेंट बनावे, सॉफ्टवेयर डेवलपमेंट, रिसर्च आ टीम के सहयोग जइसन सुविधा मिलेला। एहमें यूजर मैनेजमेंट, केंद्रीकृत बिलिंग, एडमिनिस्ट्रेटिव कंट्रोल आ अलग-अलग बिजनेस एप्लीकेशन सभ के साथ इंटीग्रेशन के सुविधा भी शामिल बा। ओपनएआई के अनुसार, चैटजीपीटी बिजनेस वर्कस्पेस में उपलब्ध संगठन के डेटा के इस्तेमाल डिफॉल्ट रूप से ओकर आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस मॉडल के ट्रेनिंग खातिर ना कइल जाला। 29 अगस्त 2025 के चैटजीपीटी टीम के नाँव बदल के चैटजीपीटी बिजनेस रखल गइल रहे।[5][6]
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]नोट
[संपादन करीं]- ↑ जीपीटी (GPT) के पूरा नाँव हवे जेनेरेटिव प्री-ट्रेन्ड ट्रांसफार्मर[4]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "ChatGPT – Introducing ChatGPT". Retrieved November 30, 2022.
- ↑ "ChatGPT – Release Notes". OpenAI.
- ↑ "How to change your language setting in ChatGPT". OpenAI Help Center. OpenAI. Retrieved 24 December 2025.
- ↑ Roose, Kevin (5 December 2022). "The Brilliance and Weirdness of ChatGPT" (HTML) (अंग्रेजी में). New York Times. Retrieved 26 December 2022.
Like those tools, ChatGPT — which stands for "generative pre-trained transformer" — landed with a splash.
- ↑ "चैटजीपीटी बिजनेस – परिचय". ओपनएआई.
- ↑ "चैटजीपीटी बिजनेस: सामान्य पूछल जाए वाला सवाल". ओपनएआई.
| ई सॉफ्टवेयर-सम्बन्धी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |