चेल्सी मैनिंग

विकिपीडिया से

चेल्सी एलिजाबेथ मैनिंग (जनम: ब्रैडली एडवर्ड मैनिंग, 17 दिसंबर 1987) एगो अमेरिकी कार्यकर्ता आ ह्विस्लब्लोअर बाड़ी। ऊ अमेरिका के सेना के सैनिक रहल बाड़ी जिनके जुलाई 2013 में कोर्ट मार्शल द्वारा जासूसी कानून आ अउरी अपराध सभ के उल्लंघन के दोषी ठहरावल गइल रहे, काहें से की ऊ विकिलीक्स के लगभग 750,000 गोपनीय, चाहे अगोपनीय बाकी संवेदनशील, सैन्य आ कूटनीतिक दस्तावेज सभ के खुलासा कइले रहली। साल 2010 से ले के 2017 ले जेल में बंद रहली जब राष्ट्रपति बराक ओबामा इनके सजा में कमी कइलें। एगो ट्रांस औरत, मैनिंग 2013 में बतवली कि ऊ अपना के बचपने से ही औरत लिंग वाली ब्यक्ति के रूप में पहिचानें आ चाहत रहली कि इनके चेल्सी मैनिंग के नाँव से जानल जाय।

संदर्भ[संपादन करीं]