चेक

विकिपीडिया से

चेक (अंग्रेजी: Cheque) एक किसिम के कागजी दस्तावेज होला जेह में केहू ब्यक्ति चाहे बिजनेस के नाँव से ई औडर लिखल गइल होखे ला कि लिखे वाला के खाता से बैंक भा क्रेडिट देवे वाली संस्था निर्धारित रकम के भुगतान करे। जे चेक लिखे ला, मने कि जेकरा खाता से धन कटी, ऊ ड्राॅअर (drawer) कहाला। जेकरा नाँव से चेक लिखल जाला, मने जे धन पाई, ऊ (payee) कहाला।