Jump to content

चूड़ी

विकिपीडिया से
(चुड़िला से अनुप्रेषित)
भारत के बंगलौर में एक ठो दुकान पर सजल चूड़ी।

चूड़ी या चूरी कलाई मे पहिरल जाए वाला एक ठो गहना हवे। ई बेलोचदार ब्रेसलेट हवे जे धातु, सीसा, लकड़ी, प्लास्टिक वगैरह से बने ला। पुरा दक्खिन एशिया में मेहरारू लोग में ई एक ठो पसंदीदा गहना हऽ। हिंदू औरत लोग एकरा के एहवात के चीन्हा माने लीं आ केहू एहवातिन औरत खाली हाथ ना रहे ला।[1] औरत लोग के अलावा छोट लड़िका बच्चा सब के पहिरे खातिर छोट-छोट चुड़िला बने ला। मरद लोग कड़ा पहिरे ला जे चूड़ी के ही एक ठो रूप हवे।

चूड़ी के एक ठो रूप कंगन होला। सोना आ चानी के कंगन महँगा गहना सभ में गिनल जाला।

  1. "Bangles". Archived from the original on 2012-11-11. Retrieved 2016-11-17.