चीनी मिट्टी
चीनी मिट्टी (अंग्रेजी: Porcelain /ˈpɔːrs(ə)lɪn/ ˈपॉसलिन्) एक तरह क सिरैमिक पदार्थ ह जे आमतौर पर महँगा कप-प्लेट आ जार-जरवा नियर बर्तन बनावे खातिर इस्तेमाल होखे ला। ई कच्चा माल, जेह में बिसेस रूप से काओलिनाइट शामिल होला, के भट्ठी में 1,200 आ 1,400 °C (2,200 आ 2,600 °F) के बीच के ताप पर बनावल जाला। ई बाक़ी माटी के बर्तन सभ के तुलना में बेसी हार्ड होला, अधिक उज्जर होला आ ओपदार चाहे बिना ओप के हो सके ला, हालाँकि, एह में पत्थर नियर पॉलिश से चमक ना आवे ला बलुक चमकदार चीज के लेप कइल जाला। एकर कठोर होखल आ उज्जर होखल एकरा के बर्तन बनावे खातिर उपयोगी बनावे ला।
मानल जाला की एह तरीका से बर्तन बनावे के आबिस्कार चीन में भइल रहे। बर्तन के अलावे एकर इस्तेमाल सजावटी सामान जइसे की फूलदान, मूर्ती इत्यादि बनावे आ बिजली के इंसुलेटर सामन बनावे में भी होखे ला। एकरा से मिलत-जुलत पदार्थ चाहे एही क एगो किसिम बोन चाइना हवे जे बर्तन बनावे में इस्तेमाल होला। बोन चाइना में कच्चा माल में हड्डी के राख शामिल होला जेकरा चलते ई अउरी बेसी हार्ड आ उज्जर होखे ला। अकसर चीनी मिट्टी के बर्तन सभ पर सजावटी फूल-पत्ता चाहे पैटर्न क चित्रकारी होखे ला। ई ट्रांसलूसेंट हो सके लें, मने की आरपार कुछ रोशनी पास हो सके ले बाकी पूरा तरीका से शीशा नियर ट्रांसपैरेंट (जेकरा आरपार लउके) ना होखे लें।