Jump to content

चिलीयाई पेसो

विकिपीडिया से
चिलीयाई पेसो
ISO 4217
कोडCLP
डिनॉमिनेशन
चीन्हा$
बैंकनोट1,000, 2,000, 5,000, 10,000, 20,000 pesos
सिक्का10, 50, 100, 500 pesos
जनसंख्या आँकड़ा
चलन में आइल29 सितंबर 1975
जगह लिहलसChilean escudo
इस्तेमालकर्ताचिली
ढलाई/छपाई
सेंट्रल बैंकBanco Central de Chile
 वेबसाइटwww.bcentral.cl
टकसालCasa de Moneda
 वेबसाइटwww.casamoneda.cl
कीमत
कीमतExchange Rate
1 USD = 930 CLP ()

पेसो (peso) चिली देस में चलनसार करेंसी के नाम ह। आज के पेसो के चलन 1975 से शुरू भइल, जबकि एकर पिछला रूप 1817 से 1960 के बीच चलन में रहल।[1] एकर चीन्हा अंग्रेजी के S अक्षर पर एक भा दू गो खड़ा लकीर चढ़ा के बनावल जाला आ ई रकम के पहिले लिखल जाला। एकरा खातिर $ के चीन्हा के इस्तेमाल होला। एह दुनो चिन्ह के इस्तेमाल कई गो करेंसी में होला, खासकर अमेरिकी डॉलर में भी इहे चीन्हा इस्तेमाल होखे ला। एह कारन से बिना अउरी एक्स्ट्रा जानकारी के ई साफ ना हो सके ला कि कवन करेंसी के बात हो रहल बा। एह अस्पष्टता आ भरम से बचे खातिर CLP$ भा US$ जइसन रूप लिखल जा सके ला।

आज के पेसो के आईएसओ 4217 कोड CLP ह। 31 मई 1996 ले एक पेसो के 100 सेंटावो में बाँटल जात रहे। एही तारीख के ई उप-बिभाजन औपचारिक रूप से खतम क दिहल गइल, जेकरा चलते एह तारीख के बाद अब कौनों किसिम के पेमेंट पूरा-पूरा पेसो में कइल जरूरी हो गइल बाटे। जुलाई 2026 तक एक अमेरिकी डॉलर के कीमत लगभग 930 चिली पेसो रहे।[2]

आज के पेसो 29 सितंबर 1975 के डिक्री संख्या 1,123 के जरिए लागू कइल गइल। एकरा से पहिले चलन में रहल एस्कूडो के जगह पेसो आ गइल। विनिमय दर 1 पेसो के बदले 1,000 एस्कूडो तय भइल रहे। 1984 तक एह पेसो के भी 100 सेंटावो में बाँटल जात रहे।

  1. ↑ "Ley Chile Móvil". Leychile.cl (Spanish में). Retrieved 23 December 2015. "Su símbolo será la letra S sobrepuesta con una o dos líneas verticales y se antepondrá a su expresión numérica."
  2. ↑ "Central Bank of Chile Daily Indicators".