चांग'ई 5

विकिपीडिया से
चांग'ई 5
मिशन प्रकारनमूना ले के लवटे वाला मिशन
आपरेटरCNSA
अंतरिक्षबिमान लच्छन
लांच द्रब्यमान8200किग्रा
मिशन सुरुआत
लांच तारीख2019[1]
राकेटचांग झेंग 5
लांच के जगहवेन्चिंग
ऑर्बिटल पैरामीटर
रिफरेंस सिस्टमसेलेनोसेंट्रिक
Invalid value for parameter "type"
Invalid parameter2018
Invalid value for parameter "type"
Invalid parameter2018
Sample mass2किग्रा
चीनी चंद्रमा खोज प्रोग्राम

चांग'ई 5 (अंग्रेजी: Chang'e 5; चीनी: 嫦娥五号; पिनयिन: Cháng'é wǔhào) एगो चीनी चंद्रमा खोजी मिशन बा जेह में मानवरहित अंतरिक्षबिमान चंद्रमा के सतह पर उतारे के योजना बा। प्रोजेक्ट पर वर्तमान में कामकाज चालू बा आ साल 2018 में एकरे लांच के उमेद बा। पहिले एकरा के 2017 के अंत में लांच करे के योजना रहल बाकी अब ई टार दिहल गइल बा।[2][3][4][5] चांग'ई 5 चीन देस के पहिला अइसन चंद्रमा मिशन बा जे चंद्रमा से कुछ नमूना उठा के वापिस धरती पर ले आई। उमेद कइल जा रहल बा की कम से कम 2 किलो वजन के माटी आ चट्टान उहाँ से ई ले के लवटी। अपना से पहिले के मिशन सभ के नियर एहू मिशन के नाँव चीनी देवी चांग'ई के नाँव पर रखल गइल बा जे उहाँ चंद्रमा के देवी रूप मानल जाली। ई लूना 24, जवन की 1976 में छोड़ल गइल रहे, के बाद से अबतक ले के पहिला नमूना ले के लवटे वाला मिशन होखी।

ईहो खबर बा की ई अंतरिक्षबिमान चंद्रमा के ओह तरफ के सतह पर उतरी जवन की पृथ्वी से देखलाई ना परे ला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Nowakowski, Tomasz (9 August 2017). "Chine Eyes Manned Lunar Landing by 2036". Retrieved 17 August 2017.
  2. "China plans to launch Chang'e 5 in 2017". Xinhuanet. Dec 16, 2013.
  3. "China's Lunar Probe Tester Ready for Chang'e 5 Mission". Aug 11, 2014.
  4. "China Aims for the Moon". Aug 24, 2014.
  5. Nowakowski, Tomasz (9 August 2017). "Chine Eyes Manned Lunar Landing by 2036". Retrieved 17 August 2017.