Jump to content

चश्मा

विकिपीडिया से
2 eyeglasses
दू गो आधुनिक चश्मा

चश्मा, चाहे चस्मा भा चसमा, आँख के सोझा पहिरल जाए वाला एगो चीज हवे जेह में आमतौर प शीशा चाहे फाइबर के बनल एक जोड़ी लेंस होखे लें जे एगो फ्रेम में फिट कइल होखे लें। फ्रेम के बीचा में पुल नियर खाँचा होखे ला जे नाक के ऊपर बइठे ला आ फ्रेम के दुनो ओर कमानी होखे ली जे कान पर चढ़ के फिट हो जालीं। सबसे बेसी चलनसार रूप में ई जुगति आँख के रोशनी के दोस दूर करे खातिर इस्तेमाल होखे ला। हालाँकि, ई सुरक्षा जइसे कि घाम से बचाव चाहे तेज हवा से बचाव खाती पहिरल जा सके ला। एकरे अलावे चश्मा बिना पावर वाला शीशा वाला हो सके ला जे खाली भर फैशन बदे पहिरल जाव।