घंटा
घंटा (अंग्रेजी: hour) समय के नाप के ईकाई हवे, जेकर मीट्रिक चीन्हा अंग्रेजी क एच (h) अक्षर हवे,[1] (कबो-काल्ह hr से देखावल जाला), जे परंपरा अनुसार दिन 1⁄24वाँ हिस्सा होला आ एह में 60 मिनट चाहे 3600 सेकेंड होखे लें।
परंपरागत रूप से, घंटा, जेकरा अंग्रेजी में ऑवर कहल जाला के उत्पत्ति पुराना समय में मिस्र-मेसोपोटामिया वाला इलाका में भइल, जवना इलाका के अंग्रेजी में ब्रिटिश साम्राज्य के टर्मावली में एंशिएंट नियर ईस्ट कहल जाला। ई बेवस्था एक दिन (सबेरे से साँझ) के समय के बारह हिस्सा में बाँटे से बनल। दिन भा रात के 1⁄12वाँ हिस्सा, जेकरा के अंग्रेजी में सीजनल ऑवर, टेम्पोरल ऑवर चाहे अनईक्वल ऑवर कहल जाला, सीजन के हिसाब से आ अक्षांस के हिसाब से बदलत रहे।
बाद में ईक्वल ऑवर (बराबर बराबर समय अवधि वाला घंटा) भा इक्वीनॉक्टिकल ऑवर के कांसेप्ट 1⁄24वाँ हिस्सा के बनावल गइल आ एह में होखे वाला सीजनल बदलाव सभ के बराबर करे खातिर दिन के परिभाषा एक सोलर औसत दिन के मानल गइल। अउरी बाद में इस्टैंडर तय करे खातिर एकरा के सटीक 3600 एटॉमिक सेकेंड के बराबर मानल गइल, हालाँकि, कुछ बिसेस दसा में बहुत रेयर इस्थिति में लीप सेकेंड के रूप में एक सेकेंड घटावे के पड़े ला।
अंग्रेजी परभाव आ ओह कलेंडर आ टाइम के अपनावे के चलते ई अउरी देसन में आ भारत में आइल आ चलन में बाटे। भारतीय ज्योतिष आ आम काल गणना में पुराना समय से दिन-रात के समय के 60 बराबर हिस्सा में बाँटल जाव आ एक हिस्सा मने की दिनरात के 1⁄60वाँ हिस्सा के एक घटी कहल जाय।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Resolution 7", Resolutions of the CGPM: 9th Meeting, Paris: International Bureau of Weights and Measures, October 1948
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Hour पर मौजूद बा। |
ई मानक भा नापजोख-संबधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |