ग्लूटेन

विकिपीडिया से
Examples of sources of gluten (clockwise from top): wheat as flour, spelt, barley, and rye as rolled flakes

ग्लूटेन (अंग्रेजी: gluten) एक किसिम के ढाँचागत प्रोटीन होला जे प्राकृतिक रूप से कई अनाज सब में पावल जाला। हालाँकि, "ग्लूटेन" के मूल अरथ खाली भर गोहूँ में पावल जाए वाला एह तरह के प्रोटीन खातिर ह, मेडिकल साइंस में कई किसिम के अनाज सब में पावल जाए वाला प्रोलामिनग्लूटिन प्रोटीन सब के एकरा भीतर सामिल कइल जाला। मेडिकल के एह परिभाषा वाला ग्लूटेन कई किसिम के रोग-बेमारी सभ के कारन बने ला; ख़ास क के सीलिएक रोग (आँत के एक किसिम के बेमारी) सभ के। एकरा पावल जाए के मूल स्रोत गोहूँ के कौनहूँ किसिम (जइसे कि आम गोहूँ, ड्यूरम, स्पेल्ट, खोरासान, एमर आ एइनकोर्न), जव, राई आ कुछ ओट के किसिम सभ में होखे ला।