ग्रेट साल्ट लेक
Great Salt Lake | |
---|---|
![]() | |
लोकेशन | Utah, United States |
निर्देशांक | 41°10′N 112°35′W / 41.167°N 112.583°Wनिर्देशांक: 41°10′N 112°35′W / 41.167°N 112.583°W |
प्रकार | Endorheic, hypersaline |
आगम | Bear, Jordan, Weber rivers |
थाला | 21,500 sq mi (55,685 km²) |
थाला के देस | United States |
अधिकतम लंबाई | 75 mi (120 km) |
अधिकतम चौड़ाई | 28 mi (45 km) |
सतह क्षेत्र | 1,700 sq mi (4,400 km²) |
औसत गहिराई | 16 ft (4.9 m), when lake is at average level |
अधिकतम गहिराई | 33 ft (10 m) average, high of 45 फीट (14 मी) in 1987, low of 24 फीट (7.3 मी) in 2021 |
आयतन | 15,338,693.6 एकड़·फीट (18.92 किमी3) |
सतह ऊँचाई | historical average of 4,200 feet (1,283 m), 4,192.9 feet (1,277 m) as of 2017 November 17 |
दीप | 8–15 (variable, see Islands) |
आबादी | Salt Lake and Ogden metropolitan areas. |
ग्रेट साल्ट लेक (अंगरेजी: Great Salt Lake) पच्छिमी गोलार्ध में सभसे बड़हन नमकीन पानी के झील बाटे,[1] आ पूरा दुनियाँ के आठवाँ सभसे बड़हन टर्मिनल झील बा।[2] ई झील अमेरिका के ऊटा राज्य के उत्तरी इलाका में पड़े ले आ लोकल जलवायु पर एकर परभाव देखे के मिले ला। ई झील पुराना जमाना के इतिहासी झील बोनेविले के बाकी बचल हिस्सा हवे जे कब्बो पच्छिमी ऊटाह के जादेतर हिस्सा पर बिस्तार लिहले रहे।
कौनों साधारण साल में नापजोख के औसत आधार पर एकर रकबा 1,700 वर्ग मील (4,400 किमी2) रहे ला,[2] हालाँकि, एकरा छिछिल गहिराई, बस 16 फीट (4.9 मी) के चलते एकरे एरिया में एक साल से दुसरे साल के बीचा में अंतर देखे के मिले ला। 1980 के दशक में ई इतिहासी 3,300 वर्ग मील (8,500 किमी2) ले पहुँच गइल रहे आ वेस्टर्न डेज़र्ट पंपिंग प्रोजेक्ट चलावल गइल कि एह झील से पानी पंप क के अगल-बगल के रेगिस्तान में भेजल जा सके आ लोकल बाढ़ के रोकल जा सके। 2021 में, कई सालन के सूखा के चलते आ ऊपरी धारा सभ के डाइवर्शन के चलते ई सभसे कम एरिया के रिकार्ड लेवल 950 बर्ग मील (2,460 km²) ले पहुँच गइल जे एकरे पाहिले 1963 में रिकार्ड कइल सभसे कम एरिया से भी कम रहल।[2][3]
एह झील में गिरे वाली तीन गो सहायिका नदी जॉर्डन, वेबर आ बियर नदी सभ मिल के एह झील में सालाना लभग 11 लाख टन खनिज सभ के ले आ के बिछावे लीं।[1] झील से पानी निकसे के कौनों जरिया नइखे आ खाली भाप बन के उड़े से एकरे पानी के कमी होला, एही कारण एह झील के पानी नमकीन हवे (समुंदरी खारा पानी से बहुते बेसी हवे) आ पानी के डेंसिटी बहुत बेसी हवे। पानी के डेंसिटी बेसी होखे के कारन एह में पँवरे वाला लोग के अइसन बुझाला की ऊ पानी पर उतिरा के पँवर रहल बा।
एकरा के "अमेरिकी डेड सी" कहल जाला,[4] आ ई कई लाख अहिजा के देसी चिरई-चुरुंग, नमकीन पानी के झींगा, तीरे के चिरई, आ पनमुर्गी सभ के आवास उपलब्ध करावे ले आ विल्सन'स फैलारॉप (Wilson's phalarope) नाँव के चिरई के सभसे बेसी आबादी एहिजा मिले ले।[5]
इहो देखल जाय[संपादन करीं]
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ 1.0 1.1 "Great Salt Lake". Encyclopædia Britannica Online. पुरालेखित से पुरालेखित February 17, 2007 के. पहुँचतिथी June 18, 2006.
- ↑ 2.0 2.1 2.2 "Great Salt Lake, Utah". United States Geological Survey. पुरालेखित से पुरालेखित May 6, 2009 के. पहुँचतिथी April 12, 2009.
- ↑ "Great Salt Lake Reaches New Historic Low". USGS. U.S. Department of the Interior. पहुँचतिथी July 24, 2021.
- ↑ Arave, Lynn. "Great Salt Lake: A Lively Recreational Jewel". Deseret News. ओरिजनल से मार्च 21, 2006 के पुरालेखित.
- ↑ "Birds and Great Salt Lake". United States Geological Survey. पुरालेखित से पुरालेखित July 13, 2013 के. पहुँचतिथी June 19, 2006.
बाहरी कड़ी[संपादन करीं]
विकिमीडिया कॉमन्स पर Great Salt Lake से संबंधित मीडिया
Texts on Wikisource:
- . . 1914.
- एन्साइक्लोपीडिया ब्रिटैनिका (11वाँ संस्क.). 1911. .
- New International Encyclopedia. 1905. .
- "Great Salt Lake". The American Cyclopædia. 1879.
- Utah Division of Wildlife Resources
- Deseret News
- Monitoring the Weather over the Great Salt Lake at University of Utah Department of Meteorology
- West Desert Pumping Project at Utah Division of Water Resources
- Commonly Asked Questions About Utah's Great Salt Lake and Ancient Lake Bonneville at Utah Geological Survey
- Utah Museum of Fine Arts