ग्रीनफील्ड प्रोजेक्ट

विकिपीडिया से

ग्रीनफील्ड प्रोजेक्ट (अंग्रेजी: Greenfield project) कौनों अइसन प्रोजेक्ट होला जे पहिले के भइल बिकास के काम सभ से सीमित न होखे। ई टर्म ग्रीनफील्ड जमीन के साथे समानता के कारन इस्तेमाल कइल जाला, अइसन जमीन जे पे पहिले से कवनों शहरी चाहे उद्योगिक बिकास न भइल होखे।[1]

अइसन प्रोजेक्ट सभ में एकदम शुरुआत से काम कइल जाला आ एह तरीका से पुरान हो चुकल चीजन से नया निर्मान में कौनों बाधा चाहे सीमा ना पैदा होखे ले। हालाँकि, पुराना बिकास के फायदो ना मिलेला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Gupta, Rajeev (2011). Project Management. Prentice-Hall of India. p. 21. ISBN 978-8120344259.