गोटहार्ड बेस सुरंग
![]() फैडू मल्टीफंक्शन स्टेशन पर एगो मोड़ | |
Overview | |
---|---|
Line | आल्प्सट्रांजिट |
Location | स्विट्जरलैंड |
Coordinates | 46°36′00″N 8°45′54″E / 46.600°N 8.765°Eनिर्देशांक: 46°36′00″N 8°45′54″E / 46.600°N 8.765°E |
Status | खुल चुकल बा[1] |
Start | अर्स्टफील्ड (उरी) |
End | बोडियो (टिसिनू) |
Operation | |
Work begun | 1996 |
Opened | 1 जून 2016[2] |
Technical | |
Length | 151.840 किमी (94.349 मील)[3] |
Line length | 57.09 किमी (35.47 मील)[3] |
Track length | 57.104 किमी (35.483 मील) (पूरबी सुरंग) 57.017 किमी (35.429 मील) (पच्छिमी सुरंग)[3] |
No. of tracks | 2 सिंगल-ट्रैक रेल रूट[3] |
Track gauge | 1,435 mm (4 ft 8 1⁄2 in) (स्टैंडर्ड गेज) |
Electrified | 15 kV AC रेलवे इलेक्ट्रिफिकेशन |
Operating speed | 250 किमी/घं (160 मील/घं) तक |
Highest elevation | 549 मी (1,801 फीट)[3] |
Lowest elevation | 312 मी (1,024 फीट) (at Bodio)[3] |
Tunnel clearance | 89 मी (292 फीट) अर्स्टफील्ड से, 237 मी (778 फीट) बोडियो से[3] |
Grade | 4.055/1000 (उत्तर) / 6.67/1000 (दक्खिन)[3] |
Route map | |
गोटहार्ड बेस सुरंग (अंग्रेजी: Gotthard Base Tunnel) स्विट्ज़रलैंड में आल्प्स पर्वत के नीचे से उत्तरी आ दक्खिनी यूरोप के तेज गति वाली रेल सेवा से जोड़े वाली एगो सुरंग बा जवन 1 जून 2016 से चालू भइल[4] आ दिसंबर 2016 ले पुरा तरीका से काम करे लागी। 57 किलोमीटर लमहर[3] ई सुरंग दुनिया के सभसे लमहर आ सभसे गहिरी परिवहन सुरंग बा[5][6] आ ई रेल लिंक नीदरलैंड्स के रोटरडैम आ इटली के गेनोआ के जोड़ी।
स्विट्जरलैंड के कहनाम बाटे की ई सुरंग यूरोप में माल-परिवहन में एगो क्रांतिकारी क़दम होखी काहें से की अभिन ले एह रास्ता पर सामान के ढोआई लाखन गो ट्रकन से होखत रहल बा बाकिर अब ई सामान एह सुरंग के बन गइले के बाद रेल से ढोआ सकत बाटे। एकरे बनले के बाद से ज़्यूरिख़ आ मिलान के यात्रा में लागे वाला टाइम में एक से दू घंटा चालीस मिनट के कमी आई।[7]
1992 मे स्विट्जरलैंड में जनमत संग्रह करावल गइल आ 64 प्रतिशत लोग जब एह प्रोजेक्ट के सही स्वीकारल तब एकरा के फाइनल मंजूरी दे दिहल गइल। सुरंग के बनावे के सुरुआत 1996 में भइल[8] आ 15 अक्टूबर 2010 के पूरबी सुरंग में ड्रिलिंग के काम पूरा कर लिहल गइ। एह सफलता के एगो समारोह के नियन स्विस टीवी पर लाइव प्रसारण में देखावल गइल[9] आ 23 मार्च 2011 के पच्छिमी सुरंग के ड्रिलिंग भी पूरा भइल। आल्प्सट्रांजिट गोटहार्ड लिमिटेड (AlpTransit Gotthard Ltd.) एकरा के दिसंबर 2016 में स्विस फेडरल रेलवे (SBB CFF FFS) ऑपरेटिंग हालत में सौंप देवे के योजना बनवले रहल[10] बाकी बाद में एह तिथि के बदल के 5 जून 2016 कइ दिहल गइल[2] ताकि निर्माण के साढ़े आठ सौवाँ दिन (850th Day) मनावल जा सके आ एही दिन एकरा के रेलवे के सौंपल जाय। पुरा प्रोजेक्ट के कुल अनुमानित लागत 9.8 अरब स्विस फ़्रैंक, € 8.85 अरब या अमेरिकन डालर में 10.3 अरब[9] आँकल गइल रहल बाकी अंतिम लागत $ 12 अरब डालर से ढेर आइल।[4] आँकड़ा के मोताबिक एह पुरा निर्माण के दौरान नौ लोग के जान गइल।[11]
बिबरण[संपादन करीं]

ई बेस सुरंग ५७.०९ किलोमीटर (३५.४७ मील)के लंबाई के साथ दुनिया में सबसे लंबा यातायात सुरंग बाटे[12] आ एकरे दुनों मुहाना के बीच ५५.७८२ किलोमीटर (३४.६६१ मील)के भूगणितीय दूरी बाटे। उहो तब जब ई समुद्र के लेवल से 549 मीटर (1,801 फीट) के अधिकतम ऊंचाई की संघे आल्प्स भा कौनों भी अन्य प्रमुख पर्वत श्रृंखला के निचे से हो के गुजरे वाला पहिला समतल (फ्लैट) मार्ग बाटे। ई दुनिया की सबसे गहिरी यातायात सुरंग भी बन गइल बा काहें की एकर अधिकतम गहराई लगभग २,३०० मीटर (७,५०० फीट)बा जवन पृथ्वी पर गहिरा खदान सभ के बाराबर बाटे। वेंटिलेशन के बिना, पहाड़ के अंदर के तापमान 46 °C (115 °F) ले पहुँच जाला।
इहो देखल जाय[संपादन करीं]
संदर्भ[संपादन करीं]
Page टेम्पलेट:Reflist/styles.css has no content.
- ↑ "Commissioning". Lucerne, Switzerland: AlpTransit Gotthard Ltd. Retrieved 1 जून 2016.
- ↑ 2.0 2.1 "155 days until opening" [खुले में 155 दिन बाकी]. Lucerne, Switzerland: AlpTransit Gotthard AG. Retrieved 1 जून 2016.
- ↑ 3.0 3.1 3.2 3.3 3.4 3.5 3.6 3.7 3.8 "Project data – raw construction Gotthard Base Tunnel" (PDF). Lucerne, Switzerland: AlpTransit Gotthard Ltd. Retrieved 2016-05-12.
- ↑ 4.0 4.1 "World's longest and deepest rail tunnel to open in Switzerland". BBC News. Retrieved 1 जून 2016.
- ↑ "Gotthard- und CeneriBasistunnel: die neue Gotthard-Bahn nimmt Gestalt an" (PDF). Geomatik Schweiz. Retrieved 8 June 2015.
- ↑ "Wer hat die grösste Röhre?" [Who has the longest tube?]. Tages-Anzeiger (graphical animation) (German में). Zurich, Switzerland. 14 अप्रैल 2016. Retrieved 2016-05-11.
- ↑ "स्विट्ज़रलैंड में दुनिया की सबसे लंबी और गहरी सुरंग - BBC हिंदी". Bbc.com. 1970-01-01. Retrieved 2016-06-01.
- ↑ "Chronology of a Project of the Century: Milestones in the Construction History up to 2010" (PDF). AlpTransit.ch. Archived from the original (PDF) on 13 मार्च 2012. Retrieved 20 अप्रैल 2013.
- ↑ 9.0 9.1 "Swiss create world's longest tunnel" [स्विस लोग सबसे लमहर सुरंग बनावल]. BBC News. 15 अक्टूबर 2010. Retrieved 1 जून 2016.
- ↑ "Gotthard Base Tunnel to be operational from 2016" [गोटहार्ड बेस सुरंग 2016 से चालू हो जाई]. Lucerne, Switzerland: AlpTransit Gotthard AG. 22 अगस्त 2011. Archived from the original on 16 नवंबर 2011. Retrieved 1 जून 2016.
{{cite web}}
: Unknown parameter|deadurl=
ignored (help) - ↑ "Memorial ceremony for deceased tunnel workers". AlpTransit. 31 मई 2016.
- ↑ Excluding subway tunnels that lie near the surface