Jump to content

गूगल अर्थ इंजन

विकिपीडिया से
गूगल अर्थ इंजन में बनावल फॉरेस्ट लैंडस्केप इंटीग्रिटी इंडेक्स

गूगल अर्थ इंजन (अंग्रेजी: Google Earth Engine) सैटेलाइट इमेजरी आ अउरी जियो-स्पेशियल आ ऑब्जरवेशन डेटा के प्रोसेसिंग खातिर एगो क्लाउड कंप्यूटिंग प्लेटफार्म हवे। ई सैटेलाइट इमेज सभ के एगो बड़हन डेटाबेसो ह आ ओह इमेज सभ के बिस्लेषण करे खातिर जरूरी कम्प्यूटेशनल पावर तक ले पहुँच उपलब्ध करावे ला। गूगल अर्थ इंजन लैंडसैट उपग्रह प्रोग्राम के जियो-स्पेशियल डेटा के इस्तेमाल से खेती, प्राकृतिक संसाधन आ जलवायु में गतिशील बदलाव के निरीक्षण करे के सुबिधा देला, जवन हर सोलह दिन में पृथ्वी पर एकही जगहन से गुजरे ला।

गूगल अर्थ इंजन एगो अइसन प्लेटफार्म बन गइल बा जे गूगल क्लाउड स्टोरेज के सहयोग से लैंडसैटसेंटिनल-2 के डेटा के रिसर्चर लोग के आसानी से सुलभ बना रहल बाटे। गूगल अर्थ इंजन एनालिसिस खातिर कंप्यूटर सभ के साथ डेटा कैटलॉग भी उपलब्ध करावे ला; एह तरीका से ई वैज्ञानिक लोगन के डेटा, एल्गोरिदम आ बिजुअलाइजेशन के इस्तेमाल से सहयोग करे के इजाजत देला। ई प्लेटफार्म सर्वर सभ के अनुरोध करे खातिर पायथन आ जावास्क्रिप्ट एप्लीकेशन प्रोग्रामिंग इंटरफेस (एपीआइ) उपलब्ध करावे ला आ एप्लीकेशन सभ के डेवेलपमेंट खातिर एगो ग्राफिकल यूजर इंटरफेस भी साथे सामिल बा।

अर्थ इंजन अपना सुरुआते से एकेडमिक आ रिसर्च के मकसद से मुफ्त बाटे, बाकी ब्यापारिक इस्तेमाल पर 2021 से, जब गूगल अर्थ इंजन के एगो ब्यापारिक क्लाउड ऑफरिंग आ सुरुआती अपनावे वाला लोग के रूप में प्रीव्यू के घोषणा कइलस जेह में यूनिलीवर, यूएसडीए आ क्लाइमेट इंजन सामिल रहलें, रोक लगावल गइल बाटे।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]