गार्डन नदी

विकिपीडिया से
गार्डन
Gardon
पोंट डु गार्ड के लग्गे गार्डन नदी
लोकेशन
भौतिक लच्छन सभ
Source 
 - locationen:Cévennes
मुहाना 
 - location
रोन
लंबाई133 किमी (83 मील)
थाला के साइज2,200 किमी2 (850 वर्ग मील)
Discharge 
 - average32 m3/s (1,100 cu ft/s)
थाला लच्छन
प्रोग्रेसनरोन नदीभूमध्य सागर

गार्डन या गार्ड नदी (अंग्रेजी: Gardon; फ्रेंच: Gardon, Gard) दक्खिनी फ्रांस में बहे वाली एक ठो नदी बा। एकर नाँव फ्रांसीसी डिपार्टमेंट (एगो जिला नियर इकाई) गार्ड के नाँव पर पड़ल बाटे आ एकर कई ठे सहायिका नद्दी सभ के भी गार्डन कहल जाला।

गार्डन नदी 133 किलोमीटर (83 मील) लंबी बाटे अगर एकरा सहायिका "Gardon de Saint-Jean" के शामिल कइल जाय। ई नदी en:Cévennes के पहाड़ से निकल के रोन नदी में जा के गिरे ले (दहिने से मिले वाली सहायिका)।

बिसेसता[संपादन करीं]

रोमन एक्वाडक्ट पोंट डु गार्ड आ 16वीं-सदी के पोंट सेंट निकोलस, ई दू गो इतिहासी पुल एह नदी पर बनल बाटें।

बाढ़[संपादन करीं]

सितंबर 2002 आ फिर दिसंबर 2003 में, गार्डन नदी में रिकार्ड तूर देवे वाली बाढ़ देखे के मिलल आ एकरा कारन एह नदी पर बनल कई गो पुल सभ के नोकसान भइल। एह में पोंट सेंट निकोलस के पुल भी शामिल बा, बाद में एकरा मरम्मत कर दिहल गइल। ओकरे बाद अभिन ले कौनों बिसाल बाढि नइखे आइल।

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]