क्वांटिटेटिव भूगोल

विकिपीडिया से

क्वांटिटेटिव ज्याग्रफी (अंग्रेजी: quantitative geography), जेकरा मात्रात्मक भूगोल चाहे परिमाणात्मक भूगोल कहल जा सके ला, भूगोल के एगो उपक्षेत्र भा शाखा ह आ मेथडॉलजिकल तरीका हवे जे भौगोलिक घटना आ पैटर्न सभ के बिस्लेषण आ मॉडलिंग करे खातिर गणितीय आ सांख्यिकीय तरीका सभ के बिकास, परीक्षण आ इस्तेमाल करे ला। एकर मकसद क्वांटिटी, मने कि मात्रा, निर्धारित करे लायक डेटा के संग्रह आ बिस्लेषण के माध्यम से मानव आ भौतिक भूगोल के बितरण आ गतिशीलता के समझावल आ अनुमान लगावल बा। मात्रात्मक भूगोलवेत्ता लोग जे तरीका अपनावे ला ऊ आमतौर पर वैज्ञानिक तरीका के अनुरूप होला, जहाँ एगो काल्पनिक परिकल्पना पैदा कइल जाला, आ फिर एकर परीक्षण अवलोकन अध्ययन के माध्यम से कइल जाला।

एकर आलोचनो भइल बा आ हाल के सालन में मात्रात्मक भूगोल में व्यवस्थित मॉडल बनावे आ इनहन के मॉडल सभ के सीमा आ मरजाद के समझल सामिल कइल गइल बा। एह तरीका के इस्तेमाल कई बिसय सभ के अध्ययन खातिर कइल जाला, जवना में जनसंख्या के जनसांख्यिकीय (डेमोग्राफिक), शहरीकरण, पर्यावरण के पैटर्न आ आर्थिक गतिविधि के स्थानिक बितरण सामिल बाड़ें। मात्रात्मक भूगोल के तरीका सभ के बिपरीत अक्सरहा गुणात्मक भूगोल (क्वालीटेटिव ज्याग्रफी) द्वारा इस्तेमाल कइल जाए वाला तरीका सभ के बिपरीत कइल जाला जे भौगोलिक जगह के बिसेसता सभ के निरीक्षण आ रिकार्डिंग पर ढेर केंद्रित होला। हालाँकि, भौगोलिक घटना सभ के बेहतर तरीका से समझे आ संदर्भित करे खातिर दुनो बिधा के मिलजुल तरीका के रिसर्च के माध्यम से गुणात्मक आ मात्रात्मक दुनों तरीका के संयोजन के इस्तेमाल में रुचि बढ़ रहल बा।