Jump to content

क्राइम पेट्रोल

विकिपीडिया से
क्राइम पेट्रोल
बिधारियलिटी
डॉक्यूमेंट्री
क्राइम
रचनासुब्रमण्यम एस अय्यर
बिकासकर्तासुब्रमण्यम एस अय्यर
  • दर्पण राज
  • संजीव के॰ झा
  • चिराग ठक्कर
डाइरेक्टरसुब्रमण्यम एस॰ अय्यर
क्रिएटिव डाइरेक्टर(लोग)चिराग शाह
प्रस्तुतकर्ता
उत्पत्ती देसभारत
मूल भाषा(सब)हिंदी
सीजन संख्या
एपिसोड नं.3,049
प्रोडक्शन
प्रोड्यूसरPrem Krishen Malhotra
Sunil Mehta
Vipul D. Shah
Anirban Bhattacharyya
Rabindra Choubey
एडिटरसुब्रत गुहा
प्रसारण काल45 minutes
प्रोडक्शनकंपनी
डिस्ट्रीब्यूटरSony Pictures Networks India
रिलीज
मूल नेटवर्कSony TV
पिक्चर फॉरमेट480i
HDTV 1080i
ओरिजिनल रिलीज9 मई 2003 (2003-05-09) – 31 दिसंबर 2022 (2022-12-31)
समयरेखा
संबंधित शोCrime Patrol Dial 100
वेबसाइट

क्राइम पेट्रोल एगो भारतीय अपराध संकलन श्रृंखला ह जवन सुब्रमण्यम एस.लायर द्वारा सोनी एंटरटेनमेंट टेलीविजन इंडिया आ सोनी एंटरटेनमेंट टेलीविजन एशिया खातिर बनावल गइल बा। पहिला सीजन के निर्माण सिनेविस्तास लिमिटेड कइले रहलें आ एकर निर्देशन अंशुमान किशोर सिंह कइले रहलें जबकि बाद के सीजन सभ के निर्माण ऑप्टिमिस्टिक्स एंटरटेनमेंट द्वारा कइल गइल। ई सीरीज भारत के मुंबई में सेट बा। पहिला आ दुसरा सीजन के एपिसोड ३० मिनट के होला जबकि बाद के सीजन के एपिसोड ४० मिनट के होला।

९ मई २००३ के प्रीमियर भइल ई सीरीज भारत के सभसे लंबा समय ले चले वाली रियलिटी क्राइम टेलीविजन सीरीज हवे। [1] [2] ई सीरीज पाँचवा सीजन में बा जेकर प्रीमियर १५ जुलाई २०१९ के भइल। साल २०२१ में एह शो के २०वां भारतीय टेलीविजन अकादमी अवार्ड (आईटीए अवार्ड) में माइलस्टोन अचीवमेंट अवार्ड मिलल। [3]

ई अपराध के नाटक-रूप (dramatization) के लोग दुनियाभर में बहुत पसन्द कइले बाड़ें। अभी के समय में क्राइम पेट्रोल दस्तक अपना पहिले के सीजन से जादे लोकप्रिय भइल बा, हालांकि हाल में एकरा प्रोडक्शन आ क्वालिटी खातिर आलोचना भइल बा आ ई काल्पनिक क्राइम शो जइसे CID से जोरदार मुकाबला करत बा।[4]

बहुत सगरी अभिनेता, अभिनेत्री, लेखक आ निर्देशक लोग क्राइम पेट्रोल के खास एपिसोड में अभिनय आ योगदान देले बा। एह में शामिल कलाकार हउवें – अनुप सोनी, गीता त्यागी, संजीव त्यागी, कविता कौशिक, विशाल गांधी, गुलशन पांडेय, राजेश झैला, दयाशंकर पांडेय, पंकज बेरी, रौनक भाटिया, शिवानी चंद्रा, गौरव सिंह चौहान, प्रियंका पंडित, मनोज वर्मा, सुनील सिन्हा, अमन वर्मा, विनय जैन, शरद मल्होत्रा, अनीता हसनंदानी, दीपक छद्दा, श्रुति उल्फत, चैतन्य अदीब, अर्चना ताई, करिश्मा रंधावा आ अमित शर्मा।[5]

  1. "'Crime Patrol' completes 12 years". Indian Television. 13 March 2015. Retrieved 21 April 2015.
  2. "Sony to bust crime on Fridays with reality show". Indian Television. Retrieved 9 May 2003.
  3. Keshri, Shweta (February 15, 2021). "ITA Awards 2021 full winners list out. Surbhi Chandna and Pratik Gandhi win big". India Today (अंग्रेजी में). Retrieved 2021-02-20.
  4. Crime Patrol, Anup Soni, Sanjeev Tyagi, Manish Raj Sharma, Optimystix Entertainment India, Zeal Z Entertainment services, 2003-05-09, retrieved 2025-08-22{{citation}}: CS1 maint: others (link)
  5. Crime Patrol (TV Series 2003– ) - Full cast & crew - IMDb (अंग्रेजी में), retrieved 2025-08-22