कोविड-19 के लच्छन
कोविड-19 बेमारी के लच्छन सभका में एक्के नियर ना पावल जा रहल बाड़ें बलुक एह में बहुते बिबिधता बाटे। बिना कौनों लच्छन के भा बहुत छोट-मोट समस्या होख्ले से ले के बहुत गम्हीर आ जानलेवा इस्थिति हो जाए ले के घटना देखे के मिलत बा। आम लच्छन सभ में कपार बथल, महक आ सवाद गायब हो जाइल, नाक जाम भइल, नाक बहल, खोंखी, छींक आवल, नरेटी काँट भइल, जर-बोखार आवल, पेट झरल आ साँस लेवे में तकलीफ भइल बाड़ें सभ।
बेसी कइ के, लगभग 81% लोगन में छोट-मोट लच्छन मिलत बाड़ें (हलका निमोनिया तक ले), एकरे बाद लगभग १४% लोगन में गम्हीर लच्छन जइसे कि हाइपोक्सिया (आक्सीजन के कमी) देखाई पड़त बा, बाकी 5% लोगन में लच्छन खतरनाक लेवल ले मिलल बाड़ें जेह में साँस लेवे के सिस्टम के फेल भइल, शॉक के स्थिति आ कोमा में गइल, एक्के साथे कई अंग सभ के फेल भइल शामिल बाड़ें।