कैंसर
Jump to navigation
Jump to search
कैंसर (अंगरेजी: Cancer) अइसन रोग सभ के कहल जाला जिनहन में शरीर के कोशिका सभ के बढ़ती के दर बेरोकटोक हो जाला आ अइसन स्थिति शरीर के बाकी अंग में भी फइल जाए के रुझान होला। मनुष्य के प्रभावित करे वाला लगभग सौ किसिम के कैंसर सभ के पहिचान कइल गइल बा। कैंसर के आम लच्छन में शरीर में कहीं गुठली, अकारण खून आवल, तेजी से वजन कम भइल इत्यादि बाने, हालाँकि ई लच्छन अन्य कई बेमारी में भी हो सके लें।
![]() | ई सेहत आ स्वास्थ्य-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |