Jump to content

कल्चरल नेशनलिज्म

विकिपीडिया से

नेशनलिज्म के अध्ययन करे वाला विद्वान लोग कल्चरल नेशनलिज्म (अंग्रेजी: cultural nationalism, हिंदी: सांस्कृतिक राष्ट्रवाद) टर्म क इस्तेमाल, बौद्धिक लोगन के द्वारा साझा संस्कृति पर जोर दे के 'नेशन' के रूप में समुदाय सभ के निर्माण खातिर कइल जाये वाली कोसिस सभ खातिर करे ला। कल्चरल नेशनलिज्म के 'पोलिटिकल' (राजनीतिक) नेशनलिज्म से उल्टा मानल जाला काहें से की राजनीतिक नेशनलिज्म खास तौर प अइसन आइडिया आ आंदोलन होला जे नेशन के आधार प खुद के शासन आ खुद खातिर नेशन-स्टेट (राष्ट्र-राज्य) के स्थापना के कोसिस करे ला।