कला के इतिहास

विकिपीडिया से

कला के इतिहास अइसन चीज पर आपन धियान केंद्रित करे ला जे इतिहास में आदमी द्वारा सुंदरता खाती बनावल गइल बाड़ी सऽ। ई सुंदरता खाती बनावल चीज अलग-अलग माध्यम में हो सके लीं जइसे कि पुराना ज़माना के मुर्ती, पेंटिंग, भवन में सुंदर डिजाइन वगैरह से ले के हाल के समय में बीडियो आ फोटोग्राफी के चीज सभ।

कुछ लोग कला के इतिहास में मुख्य रूप से सभ्यता के अलग-अलग दौर में बनल मास्टरपीस (बेहतरीन कलाकृति) पर खास धियान देवे से उपजल ज्ञान माने ला। अइसन चीज सभ के इतिहासकार हाई कल्चर के इतिहासकार कहाला। एकरे बिपरीत अगर इतिहास के बिबिध कालखंड में आम जन द्वारा बनावल चीज सभ में सुंदरता के धियान रखे के अध्ययन कइल जाय, मने की लोक कला के अध्ययन कइल जाय, तब ई लो कल्चर के इतिहास कहाला।

कला के इतिहास के अध्ययन करे वाला एकेडमिक बिसय के भी कला के इतिहास (आर्ट हिस्ट्री) कहल जाला।