कबीर जयंती

विकिपीडिया से

कबीर जयंती भा कबीर प्रकट दिवस एगो तिहुआर हवे जे भारत में कबीरदास के अनुयाई लोग आ अउरी लोग मनावे ला। मानल जाला कि एही दिने कबीरदास काशी शहर के लहरतारा तालाब में विक्रम संवत 1455 (वर्ष 1398) के सबेरे ब्रह्म मुहूर्त में कमल के फूल पर बच्चा के रूप में प्रकट भइले।