ककही

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
ककही
प्लास्टिक के ककही

ककही भा कंघी एगो दाँतेदार चीज होला जे बार झारे के कामे आवे ला। बार भा केश सँवारे बदे आ रखरखाव करे खाती एह जुगति के इस्तेमाल पुराना जमाना से चलल आ रहल बा आ ई आमतौर से उपलब्ध मटेरियल लकड़ी भा प्लास्टिक से ले के कीमती मटेरियल जइसे कि हाथी दाँत भा सोना तक के हो सके ला। कई किसिम आ डिजाइन में उपलब्ध हो सके ला आ खास अलग-अलग इस्तेमाल खाती इनहन के अलग-अलग प्रकार भी मिले ला।

इतिहास में ककही के इस्तेमाल के परमान लगभग 5000 बरिस पहिले से फारस में से मिले ला।