कंट्रोनिम

विकिपीडिया से

कंट्रोनिम (अंग्रेजी: contronym) चाहे ऑटो-एंटॉनिम (auto-antonym) अइसन शब्द होलें जिनहन के एक से अधिका अरथ होखे ला आ एक अरथ दुसरका के बिपरीत भा बिलोम होखे ला। कहे के मतलब ई कि ई अइसन शब्द होलें जे खुदे आपन बिलोम शब्द होखे लें। जइसे अंग्रेजी में क्लीव (cleave) के अरथ काट के अलगा कइल होला आ साथै जोड़ल भी होला।[1] भोजपुरी में काल्हि के अरथ पछिला बीतल दिन होला आ अगिला आवे वाला दिन भी होला। उर्दू में मौला के अरथ मालिक भा सर्वेसर्वा भी होला आ दास भा नोकर भी होला।[2]

एह कांसेप्ट भा भाषावैज्ञानिक घटना के enantiosemy, enantionymy, antilogy भा autantonymy के नाँव से जानल जाला।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "10 Words that are their own Opposites: Contronyms". India Today (अंग्रेजी में). Retrieved 29 मई 2023.
  2. "5 Contronyms of Urdu that you barely knew existed! | Rekhta Dictionary Blog". Rekhta Dictionary (अंग्रेजी में). Retrieved 29 मई 2023.