Jump to content

औरंगाबाद रेलवे स्टेशन

विकिपीडिया से

औरंगाबाद रेलवे स्टेशन सिकंदराबाद-मनमाड खंड पर स्थित एगो रेलवे स्टेशन ह। इ रेलवे स्टेशन दक्षिण मध्य रेलवे क्षेत्र की नांदेड़ प्रभाग की तहत आवेला। ए स्टेशन से हैदराबाद, दिल्ली, निजामाबाद, नागपुर, नाशिक, नांदेड़ और पुणे जईसन प्रमुख नगरन के साथ रेल संपर्क स्थापित कईल गइल बा।

शासन प्रबंध

[संपादन करीं]

इ भारतीय रेलवे की दक्षिण मध्य रेलवे क्षेत्र की नांदेड डिवीजन की अंतर्गत बा।

आर्किटेक्चर

[संपादन करीं]

औरंगाबाद एगो प्रसिद्ध लेकिन एगो औसत स्टेशन ह जवन महाराष्ट्र राज्य में स्थित बा। मूलतः, दक्षिण मध्य रेलवे एकर ख्याल रखेला और एके नियंत्रित करेला। इ स्टेशन एक तरफ से मुंबई से जुड़ल बा और दूसरा तरफ से हैदराबाद से जुड़ल बा। भारत की कई प्रमुख शहरन से जोड़े वाली कई गाड़ीन क सफ़र ए स्टेशन प समाप्त हो जाला, जेमें भोपाल, मुंबई, पुणे, हैदराबाद और नई दिल्ली से चले वाली गाड़ी शामिल बाड़ी स।

कनेक्टिविटी

[संपादन करीं]

औरंगाबाद क मुंबई, दिल्ली, हैदराबाद, निजामाबाद, नांदेड़, नागपुर, नाशिक, पुणे आदि की साथ रेल संपर्क बा। औरंगाबाद जन शताब्दी एक्सप्रेस मुंबई से एके जोड़े वाली सबसे तेज ट्रेन ह।[1][2][3]

  1. "Aurangabad railways station". indiarailinfo. Retrieved 27 June 2014.
  2. "Divisions in SCR". Indian Railways-SCR zone portal. Retrieved 28 June 2014.
  3. "Aurangabad Train Station Time Table". cleartrip.com. Retrieved 14 June 2017.

बाहरी कड़ियाँ

[संपादन करीं]