ओलिविआ कुक
Appearance
ओलिविआ कुक | |
|---|---|
2018 में कुक | |
| जनम | ओलिविआ केट कुक 27 दिसंबर 1993 |
| Occupation | ऐक्ट्रेस |
| Years active | 2010–अबतक ले |
ओलिविआ केट कुक (जनम: 27 दिसंबर 1993) एगो अंग्रेजी अभिनेत्री बाड़ी। इनकरा ए एंड ई के ड्रामा थ्रिलर सीरीज बेट्स मोटल (2013–2017) मे आपन एम्मा डेकोडी के पाट ला आ पीरियड ड्रामा मिनीसीरीज वैनिटी फेयर (2018) मे बेकी शार्प के रूप मे अभिनय करे बदे जानल जाला। एकरे अलावा ई हॉरर फिलिम उइजा(2014), कॉमेडी-ड्रामा फिलिम मी एंड अर्ल एंड द डाइंग गर्ल (2015), पीरियड हॉरर मिस्ट्री फिलिम द लाइमहाउस गोलेम (2016), थ्रिलर फिलिम थ्रोबर्ड्स (2017), द साइ-फाई फिलिम रेडी प्लेयर वन (2018), आ ड्रामा फिलिम साउंड ऑफ मेटल (2020) मे काम कइले बाड़ी। अपना ताजा भूमिका मे ई एचबीओ टेलीविजन सीरीज हाउस ऑफ द ड्रैगन (2022) मे एलिसेंट हाईटॉवर के भूमिका निभावत बाड़ी।
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]| विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया ओलिविआ कुक पर मौजूद बा। |
- ओलिविआ कुक - आइएमडीबी पर
| ई लेख कौनों एक्टर/एक्ट्रेस के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |