ओपेनहाइमर (फिलिम)

विकिपीडिया से
ओपेनहाइमर
फिलिम लोगो जेह में ओपनहाइमर लिखल गइल बा
फिलिम क लोगो
डाइरेक्टरक्रिस्टोफर नोलन
प्रोड्यूसर
  • एमा थॉमस
  • चार्ल्स रोवेन
  • क्रिस्टोफर नोलन
स्क्रीनप्लेक्रिस्टोफर नोलन
आधार
कलाकार
डिस्ट्रीब्यूटरयूनिवर्सल पिक्चर्स
रिलीज के तारीख
  • जुलाई 11, 2023 (2023-07-11) (Le Grand Rex)
  • जुलाई 21, 2023 (2023-07-21) (अमेरिका आ यूके)
लंबाई (समय)
180 मिनट[1]
देस
  • अमेरिका (यूएसए)
  • यूनाइटेड किंगडम (यूके)
भाषाअंग्रेजी
बजट$100 मिलियन[2]
बॉक्स ऑफिस$231.1 मिलियन[3][4]

ओपेनहाइमर (अंग्रेजी: Oppenheimer; ओपनहाइमर) 2023 में आइल एगो जीवनी (बायोपिक) थ्रिलर फिलिम बा। क्रिस्टोफर नोलन एकर लेखक आ डाइरेक्टर बाड़ें। किया बर्ड आ मार्टिन शेरविन के लिखल जीवनी अमेरिकन प्रोमेथस (2005) पर आधारित एह फिलिम में अमेरिकी सैद्धांतिक भौतिकीविद रॉबर्ट जे. ओपनहाइमर के जिनगी देखावल गइल बा, जिनकर प्रमुख भूमिका पहिला परमाणु हथियारन के बिकास करे में रहल — जे मैनहटन प्रोग्राम के नाँव से जानल गइल आ जेकरा से परमाणु जुग के सुरुआत भइल। फिलिम में किलियन मर्फी मुख्य रोल में बाड़ें आ एमिली ब्लंट उनुकर मेहरारू कैथरीन ओपनहाइमर के रोल कइले बाड़ी। मैनहटन प्रोग्राम के डाइरेक्टर जनरल लेस्ली ग्रूव्ज के रोल मैट डेमन द्वारा कइल गइल बा। फिलिम के अउरी मुख्य कलाकार लोगन में रॉबर्ट डाउनी जूनि., फ्लोरेंस पुघ, जोश हार्नेट, केसी अफ्लेक, रामी मलेक आ केनेथ ब्रनाघ शामिल बा लोग।

फिलिम के प्रीमियर पेरिस के ]]ले ग्राँ रेक्स]] में 11 जुलाई 2023 के भइल आ यूनिवर्सल पिक्चर्स द्वारा 21 जुलाई 2023 के एकरा के अमेरिका आ यूके के बीछल थियेटर सभ में रिलीज कइल गइल। फिलिम के रिलीज के बाद समालोचक लोग के तारीफ हासिल भइल।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Oppenheimer (15)". British Board of Film Classification. July 6, 2023. Archived from the original on July 6, 2023. Retrieved July 6, 2023.
  2. Keegan, Rebecca (July 14, 2023). ""This Can't Be Safe. It's Got to Have Bite": Christopher Nolan and Cast Unleash Oppenheimer". The Hollywood Reporter. Archived from the original on July 20, 2023. Retrieved July 15, 2023.
  3. टेम्पलेट:Cite Box Office Mojo
  4. "Oppenheimer". The Numbers. Nash Information Services, LLC. Retrieved July 26, 2023.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]