Jump to content

ओपनएआई

विकिपीडिया से
OpenAI
Founded8 दिसंबर 2015 Edit this on Wikidata
FounderIlya Sutskever
John Schulman
Sam Altman
ईलोन मस्क Edit this on Wikidata
Revenue44,485 अमरीकन डॉलर (2022) Edit this on Wikidata
Total assets19,976,363 अमरीकन डॉलर (2021, 2021) Edit this on Wikidata
Number of employees
375 (2023) Edit this on Wikidata
Websiteopenai.com एकरा के विकिडेटा पर संपादित करीं

ओपनएआई एगो आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (AI) रिसर्च लैबोरेटरी हवे जेह में लाभ खातिर निगम ओपनएआई एलपी आ एकर मूल कंपनी, गैर-लाभकारी ओपनएआई इंक शामिल बाड़ी सऽ। कंपनी एआई के क्षेत्र में शोध करेले, जवना के बतावल लक्ष्य बा कि दोस्ताना एआई के बढ़ावा दिहल अउरी विकसित कईल जाए, जवना से समग्र रूप से मानवता के फायदा होखे। एह संगठन के स्थापना 2015 के अंत में सैन फ्रांसिस्को में सैम आल्टमैन, एलन मस्क, आ अउरी लोग द्वारा कइल गइल, जे लोग सामूहिक रूप से 1 अरब अमेरिकी डॉलर के वादा कइल। मस्क फरवरी 2018 में बोर्ड से इस्तीफा दे दिहलें बाकी दानकर्ता बनल रहलें। 2019 में ओपनएआई एलपी के माइक्रोसॉफ्ट आ मैथ्यू ब्राउन कंपनी के द्वारा 1  अरब US$ के निवेश भइल। ओपनएआई के मुख्यालय मिशन डिस्ट्रिक्ट, सैन फ्रांसिस्को में पायनियर बिल्डिंग में बा।

दिसंबर 2015 में, सैम आल्टमैन, एलन मस्क, ग्रेग ब्रॉकमैन, रीड हॉफमैन, जेसिका लिविंगस्टन, पीटर थिल, अमेजन वेब सर्विसेज (AWS), इन्फोसिस, आ वाईसी रिसर्च ओपनएआई के गठन के घोषणा कइलें[1]US$1 अरब के खर्चा के वादा उठवलें लोग। संगठन के कहनाम रहे कि ऊ आपन पेटेंट आ रिसर्च के जनता खातिर खुला बना के अन्य संस्थान आ शोधकर्ता लोग के साथे "स्वतंत्र रूप से सहयोग" करी।[2] ओपनएआई के मुख्यालय सैन फ्रांसिस्को के मिशन डिस्ट्रिक्ट में पायनियर बिल्डिंग में बा।[3][4]

  1. "Introducing OpenAI". OpenAI (अंग्रेजी में). 2015-12-12. Retrieved 2022-12-23.
  2. "Introducing OpenAI". OpenAI Blog. December 12, 2015. Archived from the original on February 24, 2019. Retrieved January 6, 2023.
  3. Conger, Kate. "Elon Musk's Neuralink Sought to Open an Animal Testing Facility in San Francisco". Gizmodo (अंग्रेजी में). Retrieved October 11, 2018.
  4. Hao, Karen (February 17, 2020). "The messy, secretive reality behind OpenAI's bid to save the world". MIT Technology Review (अंग्रेजी में). Retrieved March 9, 2020.