Jump to content

ऑर्थोग्राफी

विकिपीडिया से


ऑर्थोग्राफी कौनों भाषा के लिखले के रीति-रेवाज सभ के समूह हवे, एह में हिज्जे के नियम आ मानक, हाइफन देवे, अंग्रेजी नियन भाषवन में कैपिटल अक्षर के इस्तेमाल, शब्द के बीचा में जगह छोड़े, वजन देवे, आ बिबिध किसिम के बिराम चीन्हा वगैरह लगावे सभ के तरीका के सामिल कइल जाला। भाषा के लिखल रूप से संबंधित एह बिद्या के बिपरीत, भाषा के बोलल जाए वाला रूप से संबंधित नियम सभ फोनोलॉजी हवें। कुछ दसा में, शुरुआती तौर प एकरा के व्याकरण के हिस्सा मान लिहल जाला आ ओही के पढ़ाई में एकरो के सामिल कइल जाला, हालाँकि, भाषाबिज्ञान में एकरा के अलगा से पढ़ल-पढ़ावल जाला।

अधिकतर भाषा सभ के लिखित रूप बाने आ एकरा चलते मानकीकरण भइल बा जेकरा चलते भाषा सभ में उपभाषा (बोली) सभ के नियन भारी बिबिधता ना रहि गइल बा आ बिबिधता के लोप देखे के मिले ला।