एयर झील

विकिपीडिया से

एयर झील (अंग्रेजी: Lake Eyre), जेकरा के कभि-कभार आयर झील भी कहल जाला, ऑस्ट्रेलिया में एगो थलभीतरी झील बा जे एह महादीप से सभसे बड़हन झील आ सभसे निचाई के बिंदु हवे। महादीप में ई पूरबी बिचला हिस्सा में पड़े ले जबकि साउथ आस्ट्रेलिया प्रांत के एकदम उत्तरी हिस्सा में स्थित बा। एडिलेड शहर से एह झील के दूरी लगभग 700 किलोमीटर (430 मील) बा। ई छीछिल झील हवे जे भरपूर बिस्तार वाला एयर झील थाला के पानी के आगमन के सेंटर हवे जबकि एकर पानी कहीं बहरें ना निकले ला; एह तरीका से ई बेसिन एगो थलभीतरी बेसिन हवे आ ई झील एगो थलभीतरी झील हऽ जेकरा से पानी बहरें समुंदर में ना जाला। ई ऑस्ट्रेलिया के सभसे निचाई वाला प्राकृतिक जगह हवे करीबन 15 मीटर (49 फीट) समुंद्रतल से नीचे आ जब कभी-कभार ई झील पूरा भर जाले आस्ट्रेलिया के सभसे बड़हन झील बन जाले आ एकर सतह के रकबा 9,500 वर्ग किलोमीटर (3,700 वर्ग मील) हो जाला। जब ई पानी से पूरा भरल रहे ले तब एकर खारापन ओतने होला जेतना समुंदरी पानी के होखे ला; बाकी जब एह में पानी कम हो जाला तब ई अतिखारी (हाइपरसेलाइन) झील बन जाले।

संदर्भ[संपादन करीं]